Congress Office Eviction Notice : का बदल जाई कांग्रेस के ठिकाना? 24 अकबर रोड खाली करे के नोटिस, नेता लोगन में नाराजगी

Odisha Congress suspends three MLAs over cross voting in Rajya Sabha election

Share

नई दिल्ली। कांग्रेस के बड़ झटका लागत दिख रहल बा। संपदा विभाग बुध के दिन पार्टी के नोटिस जारी कइले बा, जवना में 24 अकबर रोड पs इस्थित दफ्तर के 28 मार्च तक खाली करे के निरदेस दिहल गइल बा। कांग्रेस सूत्रन के मोताबिक, एह संबंध में औपचारिक आदेस जारी हो चुकल बा।

24 अकबर रोड पs बनल ई भवन करीब 48 बरिस से कांग्रेस पार्टी के मुख्यालय रहल बा। हालांकि, पिछिला साल पार्टी इंदिरा, कोटला मार्ग पs नया दफ्तर सुरू कs चुकल बिया, बाकिर अब तक पुरान ऑफिस खाली ना कइल गइल रहे।

कांग्रेस सांसद के प्रतिक्रिया

एह नोटिस पर कांग्रेस सांसद प्रमाेद तिवारी कड़ा प्रतिक्रिया देलें। ऊ भाजपा सरकार पs निशाना साधत कहलें कि ई सरकार लोकतांत्रिक तरीका से काम नइखे करत।

तिवारी कहलें कि पहिले नोटिस पूरा तरे से मिल जाये, ओकरा बाद पार्टी राजनीतिक स्तर पs विचार करी आ आगे के फैसला ली। फिलहाल 24 अकबर रोड से पार्टी के कामकाज चल रहल बा, बाकिर सरकार के आदेस के बाद अब कांग्रेस के एह पुरान मुख्यालय के खाली करे के नौबत आ सकत बा।

एह मुद्दा पs अब सियासी माहौल गरम हो गइल बा आ आगे का फैसला होई, एकरा पs सबके नजर टिकल बा।

Read Also: Ram Navami 2026 : नोट कs लीं राम जन्मोत्सव के सही समय, ई 3 काम बदली राउर जिनगी के दिशा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-