Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कन्हैया कुमार के प्रचार के दौरान मारल गइल थप्पड़: माला पहिनावे के बहाना से आइल रहे, कन्हैया समर्थक हमलावर के पिटल लो

151
Google Ads 300*250 for posts

दिल्ली के नॉर्थ सीट से कांग्रेस आ इंडिया ब्लॉक के प्रत्याशी कन्हैया कुमार के संगे चुनाव प्रचार के दौरान मारपीट के ममिला सामने आइल बा। घटना के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा।

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, एगो व्यक्ति कन्हैया कुमार के माला पहिनावे के बहाने आइल आ थप्पड़ मारल सुरू कs देलस। ऊ कन्हैया पs स्याहियो फेकलस।

कन्हैया के समर्थक जुवक के तुरंत पकड़ लिहल लो आ ओकर पिटाई सुरू कs दिहल। एह दौरान हमलावर के बहुते चोट आइल बा।

हालांकि, कन्हैया कुमार सुरक्षित बाड़ें। घटना के दौरान आम आदमी पार्टी के महिला पार्षद छाया शर्मा से हाथापाई कइल गइल। एकरा के लेके छाया पुलिस थाने में शिकायत की है।

AAP के ऑफिस पहुंचल रहस, तबे घटना भइल

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, कन्हैया कुमार सुक के प्रचार खातिर न्यू उस्मानपुर में आम आदमी पार्टी के ऑफिस पहुंचल रहस। मीटिंग पूरा होखला के बाद ऊ AAP पार्षद छाया के संगे नीचे अइलें। एह दौरान कइयन लोग नारेबाजी करत कन्हैया के लगे पहुंच गइल। एही में से एगो शख्स माला पहिनावे के दौरान कन्हैया के थप्पड़ मार देलस। एकरा बाद लोग कन्हैया के करिया झंडा देखावत गो बैक-गो बैक के नारा लगावल।

कन्हैया मनोज तिवारी पs लगवलें हमला करवावे के आरोप

एह घटना के बाद कन्हैया कुमार उहां कार पs चढ़के लोगन के ललकारे लगलें। कन्हैया भाजपा उम्मीदवार मनोज तिवारी पs चुनाव हारे के कारण डेराके अपना ऊपर गुंडा भेजके हमला करे के आरोप लगवलें। कन्हैया कहलें, भाजपा 400 पार ना, लोकतंत्र के खत्म करे के तइयारी कs रहल बिया। हमनी के मुकाबला अन्याय से बा। हम डेराए वाला नइखी।

आरोपी बोलल- टुकड़े-टुकड़े के नारा लगावे वालन के सजा देनी

कन्हैया पs हमला करे वाला शख्स एगो वीडियो जारी कs के कहलस कि कन्हैया देस के खिलाफ नारा लगवके रहस, जवना के वजह से ऊ नाराज रहस। ऊ कहलस कि कन्हैया भारत तेरे टुकड़े होंगे, अफजल तेरे कातिल जिंदा हैं, हम शर्मिंदा हैं जइसन नारा लगवले रहस। आज हमनी के उनका मुंह पs चांटा देके जवाब देले बानी सs कि भारत के टुकड़ा केहू नइखे कs सकत, जब ले हमनी जइसन सनातनी शेर जिंदा बा लो।

कन्हैया कुमार के खिलाफ BJP से मनोज तिवारी

दिल्ली के सात लोकसभा सीटन पs कांग्रेस आ AAP के बीच गठबंधन बा। चार सीटन पs AAP में तs कांग्रेस तीन सीटन पs चुनाव लड़ रहल बा। कन्हैया कुमार सितंबर 2021 में लेफ्ट छोड़के कांग्रेस में सामिल हो गइल रहस। कांग्रेस कन्हैया कुमार के पूर्वी दिल्ली से उम्मीदवार बनवले बिया।

भाजपा उनका खिलाफ मवजूदा सांसद मनोज तिवारी के उतरले बिया। JNU छात्रसंघ के पूर्व अध्यक्ष कन्हैया कुमार 2019 में कन्हैया कुमार लेफ्ट के टिकट पs बिहार के बेगूसराय से लोकसभा चुनाव लड़ले रहस। ऊ बीजेपी प्रत्याशी गिरिराज सिंह से चार लाख से जादे वोटन से हार गइल रहस।

2014 से केजरीवाल पs 12 बेर हमला

चार मई 2019 के लोकसभा चुनाव के दौरान एगो व्यक्ति  CM केजरीवाल के थप्पड़ मार देले रहे। एकर वीडियो सोशल मीडिया पs बहुते वायरल भइल रहे। एकरा पहिले साल जनवरी 2016 में एगो महिला दिल्ली में केजरीवाल पs स्याही फेंक देले रहे।

ओहिजा, मार्च 2014 में केजरीवाल पs स्याही फेंकल गइल रहे। ओह समय केजरीवाल वाराणसी में लोकसभा चुनाव खातिर प्रचार करत रहस। साल 2014 से केजरीवाल पs 12 बेर हमला हो चुकल बा, जवना में कबो थप्पड़, कबो स्याही तs कबो लाल मिर्च के इस्तेमाल कइल गइल।

830800cookie-checkकन्हैया कुमार के प्रचार के दौरान मारल गइल थप्पड़: माला पहिनावे के बहाना से आइल रहे, कन्हैया समर्थक हमलावर के पिटल लो

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.