Weather Update : दिल्ली-यूपी सहित 15 राज्यन में  कहर ढाह रहल बा ठंड, शीतलहर आ बरखा के अलर्ट जारी

Delhi AQI Today: Slight improvement in Delhi-NCR air quality as pollution levels drop below 200, people experience mild relief from toxic air

Share

सेंट्रल डेस्क। दिसंबर चढ़तही देस के जादेतर हिस्सन में ठंड आ शीतलहर आपन असर देखावे लागल बा। ठंडा तेजी से बढ़त जा रहल बा। कइयन गो राज्यन में आज शीतलहर के अलर्ट जारी बा। मौसम विभाग (IMD) के मोताबिक मध्य भारत आ पूर्वी भारत के कुछ इलाकन में शीतलहर जारी रही। उत्तर-पश्चिम भारत के कुछ जगहन पs 12 दिसंबर तक शीतलहर दस्तक दे सकेला।

IMD के अनुमान के मोताबिक, हिमाचल प्रदेश, ओडिशा, पूर्वी उत्तर प्रदेश, असम आ मणिपुर में भोर के समय में घनघोर कोहरा छाइल रह सकेला। ओकरा अलावे पंजाब, हरियाणा, दिल्ली, पूर्वी यूपी, राजस्थान, मध्य प्रदेश, महाराष्ट्र, छत्तीसगढ़, झारखंड आ ओडिशा सहित पूरा उत्तर-पूर्वी इलाका में शीतलहर के अलर्ट जारी बा।

13 दिसंबर से ठंड के कहर आउर जादे बढ़ला के संभावना बा। पश्चिमी हिमालय से लागल राज्यन में हल्का बरखा आ बर्फबारी से तापमान तेजी से नीचे गिर सकेला।

हिमाचल-उत्तराखंड में बरखा के इंतजार

हिमाचल प्रदेश आ उत्तराखंड में मौसम शुष्क बनल बा, जवना से ठंडा आउर बढ़ गइल बा। सूखा ठंडा आ पाला पड़ला से पहाड़ी इलाकन के लोग खूब परेसान बा। 13 दिसंबर के बाद इहां बरखा ना तs बर्फबारी होखला के पूरा संभावना बा।

दिल्ली में हवा चलला से बढ़ल ठंड

पहाड़ी इलाका में चल रहल शीतलहर के असर दिल्ली-एनसीआर में देखल जा सकेला। सर्द हवा के चलते दिल्ली के कइयन जगहन पs ठंडा आउर तेज लगला के अनुमान बा। राजधानी में हल्का धुंध आ कोहरा देखे के मिली आ न्यूनतम तापमान लगभग 6 डिग्री सेल्सियस तक रह सकेला।

पूर्वी यूपी में शीतलहर बरपा रहल बा कहर

यूपी के Purbi हिस्सन में शीतलहर के चलते ठंडा अचानके बहुत बढ़ गइल बा। तराई इलाका में भाेरे घनघोर कोहरा देखल गइल। शीतलहर के मारे लोग ठिठुरन आ गलन महसूस कर रहल बा।

बिहार में गिरल तापमान

बिहार में पछुआ हवा तेज गति से चल रहल बा, जवना से ठंडा के अहसास आउर तेज हो गइल बा। पटना सहित कइयन गो जिला में तापमान में भारी गिरावट दर्ज कइल गइल बा। बिहार में अगिला 48 घंटा तक पछुआ हवा के कहर बनल रही। एह दौरान 15–20 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से हवा चले के संभावना बा।

3 राज्यन में बरखा के अनुमान

मौसम विभाग के मोताबिक आज के दिन केरल, तमिलनाडु आ अंडमान-निकोबार द्वीप समूह में भारी बरखा हो सकेला। एह राज्यन में येलो अलर्ट जारी कइल गइल बा।

Read Also: IPL 2026 Auction : 350 खिलाड़ियन के किस्‍मत के होई फैसला, देखीं सभन के नाम आ बेस प्राइस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-