Chandra Grahan 2025 : खगोलीय घटना में दिलचस्पी रखे वाला लोगन खातिर सितंबर के महीना खास होखे वाला बा। साल 2025 के दूसरका चंद्र ग्रहण 7 सितंबर के लागी। वैज्ञानिकन के मोताबिक, जब सूर्य, पृथ्वी आ चंद्रमा एक सीध में आवेला आ सूर्य के प्रकाश पृथ्वी के वजह से चंद्रमा पs ना पड़ेला। तब एह घटना के चंद्र ग्रहण कहल जाला। 7 आ 8 सितंबर के रात के लागे वाला ई ग्रहण पूर्ण चंद्र ग्रहण होई आ भाद्रपद महीना के पूर्णिमा तिथि पs लागी। साल के दूसरका चंद्र ग्रहण 7 सितंबर के रात 9:58 मिनट से सुरू होके 8 सितंबर के रात 1:26 मिनट तक रही।
कब लागेला चंद्र ग्रहण?
पृथ्वी सूर्य के चक्कर लगावेले। चंद्रमा एगो उपग्रह हs, जवन धरती के परिक्रमा करेला। एह दौरान जब सूर्य आ चंद्रमा के बीच पृथ्वी आ जाले, तs सूर्य के रोशनी चंद्रमा तक ना पहुंच पावेला। एकरा से धरती के छाया चंद्रमा पs पड़ेला। एह खगोलीय घटना के चंद्र ग्रहण कहल जाला। पूर्णिमा के दिन ई खगोलीय घटना होला। हिन्दू पंचांग के मोताबिक, हर महीना के शुक्ल पक्ष के अंतिम तिथि के पूर्णिमा पड़ेला।
साल में हो सकत बा केतना चंद्र ग्रहण?
खाली पूर्णिमा के दिन चंद्र ग्रहण लागेला। चंद्रमा के पृथ्वी के चक्कर लगावे आ एक पूर्णिमा से दूसरका पूर्णिमा तक एक चक्र पूरा करे में खाली 29.5 दिन लागेला। हालांकि, साल में औसतन खाली तीन चंद्र ग्रहण लागेला। एकर वजह ई बा कि पृथ्वी के चारो तरफ चंद्रमा के कक्षा समतल नइखे। करीब पांच डिग्री के कोण पs ई बा। एकर मतलब बा कि चंद्रमा अक्सर पृथ्वी के छाया के ऊपर भा नीचे चल जाला।
Chandra Grahan 2025 : केतना तरह के होला चंद्र ग्रहण?
चंद्र ग्रहण तीन प्रकार के होला। ई एह पs निर्भर बा कि सूर्य, पृथ्वी आ चंद्रमा एक सीध में कवना तरे बा। आंशिक चंद्र ग्रहण, पूर्ण चंद्र ग्रहण आ उपछाया चंद्र ग्रहण होला। पूर्ण चंद्र ग्रहण तब लागेला, जब पूरा चंद्रमा के सतह पs धरती के छाया पड़ेला।
आंशिक चंद्र ग्रहण के दौरान खाली चांद के एगो भाग पृथ्वी के छाया में प्रवेश करेला। चंद्रमा के धरती के तरफ वाला हिस्सा पs धरती के छाया करिया दिखाई देला। कटल हिस्सा दिखाई देला, तोs उ एह पs निर्भर करत बा कि कवना प्रकार से सूर्य, पृथ्वीआ चंद्रमा एक सीध में बा। उपछाया चंद्र ग्रहण के दौरान धरती के छाया के हल्का बाहरी भाग चंद्रमा के सतह पs पड़ेला। एह ग्रहण के देखल कुछ मुश्किल होला।
Chandra Grahan 2025 : कहां-कहां दिखी चंद्र ग्रहण?
साल के दूसरका पूर्ण चंद्र ग्रहण 7 सितंबर के लागी। ई चंद्र ग्रहण भारत में दिखाई दी। एकरा संगही एशिया, ऑस्ट्रेलिया, न्यूजीलैंड आ अमेरिका के कइयन गो हिस्सन में ई चंद्र ग्रहण देखल जा सकत बा।
Read Also : Bihar Government : बिहार के रिटायर्ड कर्मचारियन के मिलल सुनहरा मवका, अब 70 साल के उमिर तक मिलत रही तनखाह