Freight Train Accident : चक्रधरपुर रेल मंडल में हादसा : मुर्गा महादेव स्टेशन के लगे मालगाड़ी पटरी से उतरल, अप-डाउन लाइन बाधित

Share

चक्रधरपुर। चक्रधरपुर रेल मंडल के अंतर्गत मुर्गा महादेव स्टेशन के नजदीक एगो मालगाड़ी दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बा। जानकारी के मोताबिक, मालगाड़ी के दूगो डिब्बा पटरी से उतर गइल बा, जवना से बड़ रेल हादसा हो गइल।

एह घटना के चलते अप आ डाउन दुनो रेल लाइन बाधित हो गइल बा। एह रूट पs ट्रेन के आवागमन पूरा तरे से ठप पड़ गइल बा, जवना से यात्री लोग के भारी परेसानी हो रहल बा।

दूपहरिया में भइल हादसा

ई हादसा सोमार के करीब 12 बजे दिन में भइल बतावल जा रहल बा। घटना के तुरंत बाद बचाव आ राहत टीम मवका पs पहुंच गइल बा आ ट्रैक बहाल करे के काम तेजी से जारी बा।

रेलवे टीम बहाली में जुटल

रेलवे के अधिकारी आ कर्मचारी मिलके ट्रैक के जल्दी से जल्दी चालू करे के कोसिस करत बा लो। रिलीफ ट्रेन के भेज दिहल गइल बा, ताकि डिब्बा के हटाके रास्ता साफ कइल जा सके।

चरचा में आइल सुरक्षा बेवस्था

रेल कर्मियन के बीच एह बात के चरचा हो रहल बा कि ई महज संजोग बा कि जब-जब दक्षिण पूर्व रेलवे के जीएम के दौरा होखेला, तब-तब एह मंडल में हादसा हो जाला। आजो रेल जीएम अनिल कुमार मिश्रा टाटानगर में ट्रेनिंग सेंटर के उद्घाटन करे पहुंचल बाड़ें।

पहिलहू हो चुकल बा अइसन घटना

एकरा से पहिलहू जीएम के दौरा के समय राउरकेला आ डांगुवापोसी में हादसा हो चुकल बा। एक बेर तs जीएम के खुद के सैलून कोच पटरी से उतर गइल रहे।

Read Also : Middle East Crisis : पीएम मोदी लोकसभा में कहलें- होर्मुज में रुकावट अस्वीकार्य, भारतीयन के सुरक्षा सबसे पहिले

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-