Census : तइयारी सुरू, 15 जनवरी 2026 तक हर राज्य में कर्मचारी के नियुक्ति के आदेस

Census in up

Share

नई दिल्ली। रजिस्ट्रार जनरल ऑफ इंडिया (RGI) हर राज्य आ केंद्र शासित प्रदेशन के निरदेस देले बा कि 15 जनवरी 2026 तक जनगणना कर्मचारी के नियुक्ति के काम पूरा कs लिहल जावs। ई कर्मचारी बड़ पैमाना पs डेटा इकट्ठा करे खातिर जिम्मेदार होई लोग। एगाे सर्कुलर जारी कइल गइल बा, जवना में पूरा प्रक्रिया के जानकारी दिहल गइल बा।

सर्कुलर में का कहल गइल बा

सर्कुलर के अनुसार, हर एगाे गणनाकार के लगभग 700-800 लोगन के आबादी गिने के काम दिहल जाई। हर छह गणनाकार पs एगो सुपरवाइजर रही। संगे-संगे 10 प्रतिशत आरक्षित गणनाकार आ सुपरवाइजर रखल जइहें, ताकि आपात इस्थिति में काम में बाधा ना आवे। रजिस्ट्रार जनरल कहलें कि नियम 1990 के तहत टीचर, क्लर्क भा राज्य सरकार/स्थानीय प्रशासन के कवनो अधिकारी गणनाकार बन सकत बा, जबकि सुपरवाइजर आमतौर पs गणनाकार से ऊंच रैंक वाला अधिकारी होला लोग।

राज्य आ जिला अधिकारी के भूमिका

राज्य अपना स्तर पs जनगणना अधिकारी नियुक्त करिहें। जिलन में जिलाधिकारी भा डिस्ट्रिक्ट मजिस्ट्रेट मुख्य जनगणना अधिकारी होई लोग, आ ऊ अपना क्षेत्र में जनगणना के जिम्मेदारी संभरिहें। डिवीजन में डिवीजनल कमिश्नर डिवीजनल जनगणना अधिकारी के रूप में काम करी लोग। नगर निगम में, नगर निगम आयुक्त आ निकाय प्रमुख मुख्य भा अतिरिक्त जनगणना अधिकारी के रूप में जिम्मेदारी निभाई लोग।

साल 2027 के जनगणना में देशभर में करीब 34 लाख फील्ड कर्मचारी लोगन के लगला के अनुमान बा।

जनगणना दु चरणन में होई

रजिस्ट्रार जनरल जनगणना 2027 खातिर जनगणना मैनेजमेंट आ मॉनिटरिंग सिस्टम (CMMS) नाम के वेब पोर्टल बनवले बाड़ें, जवना से गणनाकार आ सुपरवाइजर के नियुक्ति आ फील्ड वर्क के रियल-टाइम निगरानी हो सके।

जनगणना दु चरण में होई:

  • पहिला चरण: हाउस लिस्टिंग आ हाउसिंग गिनती, अप्रिल से सितंबर 2026 के बीच
  • दुसरका चरण: आबादी गिनती, फरवरी 2027 में, रेफरेंस डेट 1 मार्च 2027

केंद्र शासित प्रदेश जइसे लद्दाख, जम्मू-कश्मीर, हिमाचल प्रदेश आ उत्तराखंड में बर्फबारी के समय ध्यान में रखत, जनगणना सितंबर 2026 में होई, रेफरेंस डेट 1 अक्टूबर 2026 रही।

Read Also: Indigo Crisis : गोरखपुर से दिल्ली आ बंगलूरू के फ्लाइट 11 दिसंबर तक रद्द, मंगर के ई उड़ान रही रद्द

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-