नई दिल्ली। हाईकोर्ट सोमार के तुर्किये के फर्म सेलेबी के ओह याचिका के खारिज कs देलें, जेमे विमानन नियामक बीसीएएस के ओर से राष्ट्रीय सुरक्षा के हित में ओकर सुरक्षा मंजूरी रद्द करे के आदेस के चुनौती दिहल गइल रहे। जस्टिस सचिन दत्ता 23 मई के फैसला सुरक्षित रख लेले रहे। एकरा बाद आज कोर्ट याचिका के खारिज कs दिहल।
नागरिक विमानन सुरक्षा ब्यूरो (बीसीएएस) 15 मई के सुरक्षा मंजूरी रद्द कs देले रहस। एकरा कुछ दिन बाद माने पहलगाम आतंकी हमला के बाद भारत के जवाबी कार्रवाई ‘ऑपरेशन सिंदूर’ के दौरान तुर्किये पाकिस्तान के समर्थन कइले रहे। तुर्किये पाकिस्तान में आतंकी शिविरन पs भारत के हमलन के निंदा कइले रहे।
पक्ष आ विरोध में दलील
सेलेबी एयरपोर्ट सर्विसेज इंडिया प्राइवेट लिमिटेड आ सेलेबी दिल्ली कार्गो टर्मिनल मैनेजमेंट इंडिया प्राइवेट लिमिटेड देस के अलग-अलग हवाई अड्डन पs ग्राउंड हैंडलिंग आ कार्गो टर्मिनल कामन के देखरेख करेला। केंद्रीय प्राधिकरण के वकील विमानन सुरक्षा खतिर खतरा के ओर इशारा करत कार्रवाई के बचाव कइले रहे। सेलेबी के वकील तर्क देले रहे कि केंद्र के डेग न्याय के सिद्धांतन के खिलाफ बा आ विमान सुरक्षा नियमन के तहत प्रक्रिया के उल्लंघन बा। सेलेबी के वकील कहलें कि नागरिक उड्डयन सुरक्षा ब्यूरो के महानिदेशक के याचिकाकर्तन के सजा से पहिले सुनवाई के अवसर देवे के चाहत रहे आ कार्रवाई के कारण बतावे के चाहत रहे।
‘मंजूरी रद्द करे के फैसला राष्ट्रीय सुरक्षा के हित में’
एकरा पहिले 19 मई के केंद्र कहले रहे कि मंजूरी रद्द करे के फैसला राष्ट्रीय सुरक्षा के हित में लिहल गइल रहे, काहेकि कुछ इनपुट के अनुसार याचिकाकर्ता कंपनी के सेवा जारी रखल वर्तमान परिदृश्य में खतरनाक होई। सेलेबी 5 बरिसन से जादे समय से भारतीय विमानन क्षेत्र में काम कs रहल बिया आ 10,000 से जादे लोग ओकरा लगे नौकरी करेला लो। उ नव हवाई अड्डन पs आपन सेवा प्रदान करेले।
बीसीएएस का कहले रहे?
बीसीएएस अपना आदेस में कहले रहे, ‘… सेलेबी एयरपोर्ट सर्विसेज इंडिया प्राइवेट लिमिटेड के संबंध में सुरक्षा मंजूरी राष्ट्रीय सुरक्षा के हित में तत्काल प्रभाव से रद्द कइल जात बा।’ तुर्किये के सेलेबी के हिस्सा कंपनी के सुरक्षा मंजूरी नवंबर 2022 में दिहल गइल रहे।