मंडी। Bomb Threat in Himachal, हिमाचल प्रदेश में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के दौरा के बीच अस्पतालन के बम से उड़ावे के धमकी मिलल बा। जिला मंडी में श्री लाल बहादुर शास्त्री मेडिकल कॉलेज आ अस्पताल नेरचौक आउर मेडिकल कॉलेज चंबा के बम से उड़ावे के धमकी वाला ई-मेल मिलल बा। प्रशासन एहतियातन पूरा परिसर खाली करवा देले बा।
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के हिमाचल दौरा के बीच एह तरे धमकी से सुरक्षा एजेंसी पूरा तरे सतर्क हो गइल बाड़ी सs।नेरचौक में मेडिकल कॉलेज के ओपीडी बंद कs दिहल गइल बा। मेडिकल कॉलेज में आज खातिर कक्षा निलंबित कs दिहल गइल बा।
तड़के 3:30 बजे प्रिंसिपल के ईमेल आइल। प्रबंधन सबेरे 10:30 बजे एसडीएम बल्ह स्मृतिका नेगी के जानकारी देलस। एकरा बाद प्रशासन हरकत में आइल बा। ई ईमेल तमिलनाडु से आइल बा, बड़ बात ई कि एमे नेरचौक मेडिकल कॉलेज के नाम नइखे।
अस्पताल में उपचाराधीन मरीजन के बाहर निकालल गइल। बम के धमकी के बाद अस्पताल परिसर में अफरा-तफरी के माहौल बन गइल। मरीज अस्पताल भवन से दूर पेड़ के छाया में स्ट्रेचर आ व्हील चेयर पs बइठावल गइल बा।
दमकल विभाग के टीम मवका पर पहुंच गइल बिया। मंडी से क्यूआरटी आ बम निरोधक दस्ता मवका पs पहुंच गइल बा। अस्पताल परिसर के तलाशी कइल जा रहल बा।
बतावल जा रहल बा कि अस्पताल प्रशासन के सबेरे मेल पs ई धमकी मिलल। मेडिकल काॅलेज प्राचार्य के ई मेल आइल, जेमे पूरा अस्पताल परिसर के बम से उड़ावे के धमकी दिहल गइल रहे।
एकरा पहिलहू मिल चुकल बा बम के धमकी
बता दीं एकरा पहिले उपायुक्त कार्यालय मंडी सहित राज्य सचिवालय शिमला आ अलग-अलग जिलन के उपायुक्त कार्यालयन के बम से उड़ावे के धमकी मिलल रहे। ओह समय कुछ ना मिलल रहे। अभी तक पुलिस के कवनो सुराग नइखे मिलल।
साभार : दैनिक जागरण
Read Also: KP Oli Resigns : नेपाल के पीएम केपी ओली देलें इस्तीफा, दफ्तर में घुसलें सईयन प्रदर्शनकारी