पटना। बिहार विधानसभा चुनाव (Bihar Assembly Election 2025) के पहिला चरण में मतदान के अंतिम डेटा (Final Voter Turnout) सामने आ गइल बा। एकरा अनुसार बिहार में पहिला चरण में 65.08 प्रतिशत मतदान भइल बा। बिहार विधानसभा चुनाव, 2020 में राज्य के औसत मतदान प्रतिशत 57.29 आ लोकसभा चुनाव, 2024 में ई मतदान प्रतिशत 56.28 रहे।
एह तरे विधानसभा चुनाव 2025 में पिछिला विधानसभा चुनाव के तुलना में 7.79% आ लोकसभा चुनाव के तुलना में 8.8% बढ़न्ती भइल बा।
चुनाव आयोग प्रेस विज्ञप्ति में बतवलस कि पहिला चरण के अंतर्गत आवे वाला सब विधानसभा निर्वाचन क्षेत्रन में स्क्रूटिनी के प्रक्रिया भारत निर्वाचन आयोग के ओर से नियुक्त प्रेक्षकन के उपस्थिति में नियमानुसार सफलतापूर्वक पूरा हो गइल बा।
री-पोल के नौबत ना
Scrutiny में सब जिलन में कुल 83 अभ्यर्थी आ 385 निर्वाचन अभिकर्ता सामिल भइल लोग। एह तरे से ई कुल संख्या 468 रहे। कवनो मतदान केंद्र से पुनः मतदान (री-पोल) के कवनो आवश्यकता नइखे पावल गइल आ एह संबंध में कवनो प्रतिकूल रिपोर्ट प्राप्त नइखे भइल।
मतदान में उपयोग कइल गइल सब EVM (बैलेट यूनिट, कंट्रोल यूनिट आ VVPAT सहित) के त्रिस्तरीय सुरक्षा बेवस्था के संगे संबंधित विधानसभा क्षेत्रन के स्ट्रॉन्ग रूम में विधिवत रूप से सील के सुरक्षित कs दिहल गइल। एकरा अलावे 24 X 7 CCTV आदि प्रावधान सुनिश्चित कइल गइल।
प्रत्याशी कs सकेला लोग EVM के निगरानी
मॉक पोल के दौरान खराब पावल गइल आ सुरक्षित बचल आउर EVM आ VVPAT के आयोग के निदेशानुसार दूसरका जगह चिह्नित स्ट्रांग रूम में निर्धारित सुरक्षा बेवस्था के संगे रखल गइल बा।
चुनाव लड़े वाला सब प्रत्याशियन के लिखित रूप से सूचित कइल गइल बा कि ऊ अपना प्रतिनिधियन के Polled EVM Strong Room के सुरक्षा बेवस्था के निगरानी खातिर नियुक्त कs सकेला लोग, ओह लोगन के सुरक्षा के आंतरिक परिधि क्षेत्र से बाहर रहे के अनुमति दिहल गइल बा। स्ट्रांग रूम के CCTV Display अभ्यर्थियन/प्रतिनिधियन खातिर उपलब्ध करावल गइल बा।
वेबकास्टिंग के प्रभावी बेवस्था
उल्लेखनीय बा कि मतगणना दिनांक 14 नवंबर, 2025 के निर्धारित बा। पहिला चरण में सब मतदान केंद्रन पs मतदान शांतिपूर्ण आ बेवस्थित रहे। वेबकास्टिंग के प्रभावी बेवस्था के कारण मतदान प्रक्रिया में पारदर्शिता आ जवाबदेही सुनिश्चित कइल गइल।
चुनाव आयोग बतवलस कि महिला, नवहा, वरिष्ठ नागरिक आ दिव्यांग मतदाता के भागीदारी उल्लेखनीय रहल। दिव्यांग (PwD) मतदाता के खातिर व्हीलचेयर, रैंप, सुगम पहुंच आ जरूरी सहायता उपलब्ध करावल गइल। EVM-VVPAT के कार्यप्रणाली सब जगह सुचारु आ बेरोकटोक रहल आ कवनो मतदान केंद् पs मशीन के बेवस्थित कार्यवाही में कवनो रुकावट ना आइल।








