Bihar By-election: रूपौली में बीमा भारती आ कलाधर मंडल में होई टक्कर, एह 8 सीटन पऽ जल्दी होई उपचुनाव

Sonu Kishor

Bihar By-election: रूपौली विधानसभा उपचुनाव के नामांकन के तारीख शुक के खत्म हो गइल। रूपौली उपचुनाव में कुल 13 अभ्यर्थियन नामांकन कइले बाड़े। राजद से बीमा भारती तऽ जदयू के ओर से कलाधर मंडल पर्चा दाखिल कइले बाड़े। एने बिहार के आठ आउरी सीटन पs उपचुनाव के तैयारी चल रहल बा। एमें राज्यसभा के दु तऽ विधानसभा के चार आ विधान परिषद के एगो सीट पs उपचुनाव होखे के बा।

राज्य के एगो मात्र सीट रूपौली के लेके हो रहल उप चुनाव में नामांकन पत्रन के जांच 24 जून के होई। जबकि नांव वापसी के अंतिम तिथि 26 जून बा। एह सीट पs मतदान 10 जुलाई आ मतगणना 13 जुलाई के होई।

बता दी कि पूर्णिया जिला अंतर्गत रूपौली विधानसभा क्षेत्र में उप चुनाव पूर्व विधायक बीमा भारती के जदयू छोड़ला के बाद विधानसभा के सदस्यता से त्यागपत्र देवे के चलते खाली भइल बा।

खाली पदन पऽ उप चुनाव खातिर बिहार कइलस सिफारिस

बिहार में आठ गो आउर सीटन पs उप चुनाव के तैयारी कइल जाता। एमें राज्यसभा के दु, विधानसभा के चार आ विधान परिषद के एगो सीट पs उप चुनाव खातिर मुख्य निर्वाचन अधिकारी भारत निर्वाचन आयोग के आपन सिफारिस भेज देले बाड़े।

एह नेता लो के लोकसभा गइला से खाली भइल सीट

भाजपा के विवेक ठाकुर आ राजद के मीसा भारती के लोकसभा सदस्य चुनइला के कारण राज्यसभा के दु सीट खाली भइल बा।

राजद के विधायक रहल सुधाकर सिंह आ सुरेंद्र यादव, भाकपा (माले) के विधायक सुदामा प्रसाद आ हिंदुस्तानी अवाम मोर्चा के जीतन राम मांझी के सांसद चुनइला के चलते विधानसभा के चार सीट खाली भइल बा।

विधान परिषद के सभापति रहल देवेश चंद्र ठाकुरो सांसद निर्वाचित हो चुकल बाड़े। एही चलते तिरहुत स्नातक क्षेत्र खातिर उप चुनाव के नौबत बनल बा।

उहे, विधान परिषद सदस्य पद से अयोग्य होखे के बाद रामबली सिंह के खाली सीट विधानसभा कोटा के एगो सीट खाली हो गइल बा। इस सीट पs उप चुनाव खातिर 25 जून के आयोग अधिसूचना जारी करी।

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया कलाकार, लेखक, कवि आ भोजपुरी खातिर समर्पित नवहा जे अपना माई भाखा खातिर हमेसा खाड़ रहेला। खेल आ राजनीति के खबर पढ़े खातिर हमरा से जुड़ीं खबर भोजपुरी पs। हमरा से रउआ सभे sonuyadav957670@gmail.com पs जुड़ल रहीं...