Bihar Board 12th Result 2026 : साइंस में आदित्य, आर्ट्स में निशु आ कॉमर्स में अदिति बनली टॉपर

Share

पटना। बिहार बोर्ड 12वीं के रिजल्ट जारी हो गइल बा। बिहार विद्यालय परीक्षा समिति (BSEB) सोमार के इंटर वार्षिक परीक्षा 2026 के परिणाम घोषित कs देलस।

शिक्षा मंत्री सुनील कुमार बतवलें कि लगातार आठवां बेर बिहार बोर्ड सबसे पहिले रिजल्ट जारी कइले बा। कुल 25 दिन में कॉपी जांच पूरा कइल गइल। एह साल कुल 85.19% छात्र पास भइल बा लोग। लईकी के लगे प्रतिशत 86.23% रहे, जबकि लईका के 84.09% रहल।

टॉपर के नाम

एह साल आर्ट्स आ कॉमर्स में छात्रा टॉपर बनल लोग, जबकि साइंस में छात्र टॉपर रहलें। कुल 26 टॉपर में से 19 लईकी लोग बा।

  • साइंस (Science): समस्तीपुर के आदित्य प्रकाश अमन 481 अंक (96.20%) के संगे टॉप कइलें
  • आर्ट्स (Arts): गया के निशु कुमारी 479 अंक (95.80%) से टॉपर बनली
  • कॉमर्स (Commerce): पटना के अदिति कुमारी 480 अंक (96.00%) से पहिला स्थान हासिल कइली

कहां देखल जा सकत बा रिजल्ट?

छात्र आपन रिजल्ट बिहार बोर्ड के आधिकारिक वेबसाइट interbiharboard.combsebexam.com पs देख सकत बा लोग।

केतना छात्र दिहल लोग परीक्षा?

इंटर परीक्षा 2 फरवरी से 13 फरवरी 2026 तक आयोजित भइल, जवना में कुल 13,17,846 छात्र सामिल भइल रहे लोग। एमे 6,75,844 लईकी आ 6,42,002 लईका रहे लोग।

पास होखे के नियम

हर विषय में कम से कम 33% अंक ले आवल जरूरी बा, तबे छात्र पास मानल जाई लोग।

रिजल्ट चेक करे के तरीका

  • आधिकारिक वेबसाइट पs जाईं
  • “Examination Results” सेक्शन खोलीं
  • “Senior Secondary Annual Examination 2026” चुनीं
  • Roll Code आ Roll Number भर के Submit पs क्लिक करीं

Read Also: फोन में e-SIM भा फिजिकल SIM : जानीं कवन बा जादे बेहतर? का नेटवर्क पs पड़ेला असर?

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-