नई दिल्ली। देसभर के ट्रेड यूनियन आ किसान संगठन केंद्र सरकार के नीति के विरोध में आज राष्ट्रव्यापी भारत बंद के आह्वान कइले बाड़ें। एह बंद के चलते बैंकिंग सेवा, परिवहन आ कुछ सरकारी दफ्तरन के कामकाज पs असर पड़े के पूरा आसार बा।
10 केंद्रीय ट्रेड यूनियनन के संयुक्त मंच के दावा बा कि एह हड़ताल में करीब 30 करोड़ मजदूर हिस्सा ले रहल बाड़ें। ट्रेड यूनियनन के कहनाम बा कि ई अभी तक के सबसे बड़का श्रमिक आंदोलन में से एगो हs।
ट्रेड यूनियन आ किसान संगठनन के ऐलान
ऑल इंडिया ट्रेड यूनियन कांग्रेस (AITUC) के महासचिव अमरजीत कौर प्रेस कॉन्फ्रेंस में बतवली कि अबकि बेर भागीदारी पहिले से जादे होई। उनका मोताबिक, “12 फरवरी के हड़ताल में कम से कम 30 करोड़ वर्कर सामिल होई लोग।”
उनकर कहनाम रहे कि 9 जुलाई 2025 के आंदोलन में करीब 25 करोड़ मजदूर उतरल रहलें। अबकि बेर यूनियनन के दावा बा कि 600 से जादे जिलन में कामकाज प्रभावित होई, जबकि पिछिला साल 550 जिला में असर पड़ल रहे।
यूनियनन के कहनाम बा कि ई बंद केंद्र सरकार के “श्रमिक-विरोधी, किसान-विरोधी आ कॉरपोरेट समर्थक नीति” के खिलाफ बा। एह आंदोलन के किसान संगठन, कृषि मजदूर यूनियन, छात्र आ जुवा संगठनन के समर्थन मिलल बा।
का-का पड़ी असर?
संयुक्त किसान मोर्चा (SKM) हड़ताल के पूरा समर्थन कइले बा। कृषि मजदूर यूनियनन के फोकस मनरेगा (MGNREGA) के दोबारा मजबूत करे पs बा। अमरजीत कौर के दावा बा कि भाजपा शासित राज्यन में बंद के असर दिखी, खास कs के ओडिशा आ असम में पूरा बंद के संभावना बा।
का-का बंद रह सकता?
भारत बंद के चलते आज सरकारी दफ्तरन के कामकाज प्रभावित हो सकेला। राज्य परिवहन के बस, ऑटो सेवा, बाजार, थोक मंडी आ कइयन दुकान बंद रह सकेली। सार्वजनिक बैंकन के सेवा पs असर पड़ सकेला।
का-का खुलल रही?
हालांकि अस्पताल, एम्बुलेंस, मेडिकल स्टोर आ जरूरी स्वास्थ्य सेवा पहिले जइसन चालू रही। निजी दफ्तर, एटीएम, एयरपोर्ट आ हवाई सेवा सामान्य रूप से चलत रही।
Read Also: 12 फरवरी 2026 के राशिफल







