BCCI Announces Reward Money : भारतीय महिला टीम के वर्ल्ड कप जीत पs BCCI इनाम में दी 51 करोड़ रुपिया

Indian women’s cricket team celebrating historic ICC Women’s World Cup 2025 victory after defeating South Africa by 52 runs in the final at DY Patil Stadium, Navi Mumbai.

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) भारतीय महिला टीम के विश्वकप जीत के खुसी में  इनाम देवे के फैसला कइले बा। हरमनप्रीत कौर के कप्तानी में भारतीय महिला क्रिकेट टीम नवी मुंबई के डीवाई पाटिल स्टेडियम में दक्षिण अफ्रीका के 52 रन से हराके पहिला बार वनडे वर्ल्ड कप जीतलस। ओह टीम के बीसीसीआई अब 51 करोड़ रुपिया इनाम दी।

बता दीं कि एह जीत से 47 साल के इंतजार के खत्म हो गइल बा। 2005 आ 2017 में भारत फाइनल तक पहुंचल रहे, बाकिर ट्रॉफी हाथ से फिसल गइल रहे। अबकी बेर बेटी लोग खिताब जीत के इतिहास लिख दिहल लोग।

ICC से जादे बा BCCI के इनाम

बीसीसीआई के ई इनाम आईसीसी के इनामी राशि कहीं जादे बा। आईसीसी विजेता टीम के 4.48 मिलियन डॉलर (लगभग 39.78 करोड़ रुपिया) दिही, बाकिर बीसीसीआई अब अपना तरफ से 51 करोड़ रुपिया देवे जा रहल बा।

बीसीसीआई के सचिव देवजीत सैकिया बतवलें कि ई फैसला महिला टीम के ऐतिहासिक प्रदर्शन के सम्मान में लिहल गइल बा। ऊ कहलें- “जय शाह के धन्यवाद देवे के चाहीं, जिनका प्रयास से महिला वर्ल्ड कप के प्राइज मनी में 300% बढ़ोतरी भइल बा।”

खिलाड़ी से लेके सपोर्ट स्टाफ तक सबका मिली इनाम

ई राशि खिलाड़ी, चयनकर्ता, कोच अमोल मजूमदार आ पूरा सपोर्ट स्टाफ के बीच बांटल जाई। बीसीसीआई के कहनाम बा कि ई जीत पूरा देस खातिर गर्व के पल बा।

फाइनल में शेफाली-दीप्ति के जलवा

फाइनल मैच में शेफाली वर्मा के बल्ला आ गेना दुनु बोलन। ऊ 87 रन बनवली आ दू विकेट चटकवली। ओइसही दीप्ति शर्मा 58 रन बनवली आ पांच विकेट चटकवलीं। भारत 298 रन बनवला के बाद साउथ अफ्रीका के 246 रन पs समेट के खिताब पs कब्जा जमवलस।

Read Also: Bihar Train Fire : सारण में स्पेशल ट्रेन के बोगी में लागल आग, स्टेशन पs मचल अफरा-तफरी

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-