Team India Schedule : BCCI वेस्‍टइंडीज, श्रीलंका, जिम्‍बाब्‍वे आ ऑस्‍ट्रेलिया सीरीज के कइलस एलान, एक क्लिक में देखीं पूरा शेड्यूल

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) बियफे के टीम इंडिया के 2026-27 घरेलू इंटरनेशनल सीजन के पूरा शेड्यूल जारी कs देलस। आवे वाला सीजन में जबरदस्त रोमांच आ एक्शन देखे के मिली। चार गो मेहमान टीम- वेस्टइंडीज, श्रीलंका, जिम्बाब्वे आ ऑस्ट्रेलिया मल्टी फॉर्मेट क्रिकेट खेले खातिर भारत आई। एह सीजन में कुल 17 शहर में 22 इंटरनेशनल मैच खेलल जाई।

वेस्टइंडीज से होई सुरुआत

सीजन के सुरुआत वेस्टइंडीज के भारत दौरा से होई। ई दौरा 27 सितंबर 2026 से सुरू होई। एह दौरान भारत आ वेस्टइंडीज के बीच तीन वनडे आ पांच टी20 मैच के सीरीज खेलल जाई। वनडे मैच त्रिवेंद्रम, गुवाहाटी आ न्यू चंडीगढ़ में होई, जबकि टी20 मैच लखनऊ, रांची, इंदौर, हैदराबाद आ बेंगलुरु में खेलल जाई।

वेस्टइंडीज के भारत दौरा शेड्यूल
पहिला वनडे: 27 सितंबर – त्रिवेंद्रम
दूसरका वनडे: 30 सितंबर – गुवाहाटी
तीसरका वनडे: 3 अक्टूबर – न्यू चंडीगढ़
पहिला टी20: 6 अक्टूबर – लखनऊ
दूसरका टी20: 9 अक्टूबर – रांची
तीसरका टी20: 11 अक्टूबर – इंदौर
चउथा टी20: 14 अक्टूबर – हैदराबाद
पांचवां टी20: 17 अक्टूबर – बेंगलुरु

श्रीलंका के मेजबानी

भारत दिसंबर 2026 में श्रीलंका के मेजबानी करी। एह दौरान तीन वनडे आ तीन टी20 मैच के सीरीज खेलल जाई। वनडे दिल्ली, बेंगलुरु आ अहमदाबाद में होई, जबकि टी20 राजकोट, कटक आ पुणे में खेलल जाई।

श्रीलंका के भारत दौरा शेड्यूल

पहिला वनडे: 13 दिसंबर – दिल्ली
दूसरका वनडे: 16 दिसंबर – बेंगलुरु
तीसरका वनडे: 19 दिसंबर – अहमदाबाद
पहिला टी20: 22 दिसंबर – राजकोट
दूसरका टी20: 24 दिसंबर – कटक
तीसरका टी20: 27 दिसंबर – पुणे

जिम्बाब्वे के दौरा

नया साल के सुरुआत में जिम्बाब्वे टीम भारत आई। एह दौरान तीन वनडे मैच खेलल जाई। ई मैच कोलकाता, हैदराबाद आ मुंबई में होई।

जिम्बाब्वे के भारत दौरा शेड्यूल
पहिला वनडे: 3 जनवरी 2027 – कोलकाता
दूसरका वनडे: 6 जनवरी 2027 – हैदराबाद
तीसरका वनडे: 9 जनवरी 2027 – मुंबई

बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी से समापन

सीजन के आखिरी में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी खेलल जाई। एमे पांच टेस्ट मैच के सीरीज होई, जवना के सुरुआत 21 जनवरी 2027 से नागपुर में होई। बाकी मैच चेन्नई, गुवाहाटी, रांची आ अहमदाबाद में खेलल जाई।

ऑस्ट्रेलिया के भारत दौरा शेड्यूल

पहिला टेस्ट: 21-25 जनवरी 2027 – नागपुर
दूसरका टेस्ट: 28 जनवरी – 2 फरवरी – चेन्नई
तीसरका टेस्ट: 11-15 फरवरी – गुवाहाटी
चउथा टेस्ट: 19-23 फरवरी – रांची
पांचवां टेस्ट: 27 फरवरी – 3 मार्च – अहमदाबाद

Read Also: Defence News : वीरता पदक विजेता जवानन खातिर रेलवे में आजीवन मुफ्त यात्रा, सरकार के बड़ फैसला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-