सेंट्रल डेस्क। बांग्लादेश के आम चुनाव में पूर्व प्रधानमंत्री खालिदा जिया के बेटा तारिक रहमान के नेतृत्व में बांग्लादेश नेशनलिस्ट पार्टी (BNP) सानदार बहुमत हासिल कइले बिया। एह जीत पs भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी तारिक रहमान के बधाई देले बाड़ें। पीएम मोदी कहलें कि ई जीत बांग्लादेश के जनता के तारिक रहमान के नेतृत्व में भरोसा के साफ संकेत बा। ऊ इहो कहलें कि भारत लोकतांत्रिक, प्रगतिशील आ समावेशी बांग्लादेश के हमेसा समर्थन करत रही।
एकरा संगही पीएम मोदी भारत-बांग्लादेश रिश्ता पs बड़ संकेत देले बाड़ें। ऊ कहलें कि तारिक रहमान के संगे मिलके भारत-बांग्लादेश के बहुआयामी संबंधन के आउर मजबूत करी आ दूनो देसन के साझा विकास लक्ष्यन के आगे बढ़ावे खातिर ऊ उत्सुक बाड़ें।
I convey my warm congratulations to Mr. Tarique Rahman on leading BNP to a decisive victory in the Parliamentary elections in Bangladesh.
This victory shows the trust of the people of Bangladesh in your leadership.
India will continue to stand in support of a democratic,…
— Narendra Modi (@narendramodi) February 13, 2026
बांग्लादेश चुनाव आ BNP के प्रदर्शन
बतावल जा रहल बा कि करीब 18 महीना से चल रहल सियासी संघर्ष के बाद भइल चुनाव में BNP के बड़ जनादेश मिलल बा। मतगणना के ताजा आंकड़ा के मोताबिक पार्टी के दू-तिहाई बहुमत मिलल बा। ओहिजा, जमात-ए-इस्लामी के नेतृत्व वाला गठबंधन अभी तक खाली 73 सीट हासिल कइले बा।
खरगे देले बधाई
BNP के जीत पs कांग्रेस के राष्ट्रीय अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे तारिक रहमान के ऐतिहासिक सफलता खातिर बधाई देले बाड़ें। ऊ सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs लिखलें कि कांग्रेस के तरफ से तारिक रहमान आ BNP के बांग्लादेश के संसदीय चुनाव जीतs पs बधाई।
सीटन के गणित समझीं
बांग्लादेश के संसद, जवना के ‘जातीय संसद’ कहल जाला, में कुल 300 सीट बा। एमे से 299 सीट पs मतदान भइल, जबकि शेरपुर-3 सीट पs उम्मीदवार के मौत से चुनाव रद्द हो गइल। बहुमत खातिर 150 सीट जरूरी होला। एकरा अलावे 50 सीट महिला खातिर आरक्षित बा, जवना के बंटवारा सामान्य 300 सीट पs पार्टी के प्रदर्शन के आधार पs होला।
Read Also: DDU : गोरखपुर विश्वविद्यालय में पत्रकारिता पाठ्यक्रम में पीएचडी के होई सुरुआत







