Assembly Election 2026 : असम से बंगाल तक कब होई वोटिंग, जान लीं पूरा चुनाव शेड्यूल

Share

नई दिल्ली। देस के पांच राज्य आ एगो केंद्र शासित प्रदेश में होखे जा रहल विधानसभा चुनाव 2026 के पूरा कार्यक्रम चुनाव आयोग जारी कर देले बा। एह चुनाव में असम, केरल, तमिलनाडु, पश्चिम बंगाल आ पुदुचेरी में मतदान होई। कुल मिला के करीब 17.4 करोड़ मतदाता अपना मताधिकार के इस्तेमाल करी लोग।

चुनाव आयोग के मोताबिक असम, केरल आ पुदुचेरी में 9 अप्रिल के वोटिंग करावल जाई। तमिलनाडु में 23 अप्रिल के मतदान होई, जबकि पश्चिम बंगाल में चुनाव दू चरण में 23 अप्रिल आ 29 अप्रिल के करावल जाई। सब राज्यन के नतीजा 4 मई के घोषित कइल जाई।

चुनाव आयोग बतवलस कि एह चुनाव खातिर करीब 824 विधानसभा सीट पs मतदान होई। देस भर में लगभग 2.19 लाख मतदान केंद्र बनावल गइल बा, जहां करीब 25 लाख चुनाव अधिकारी तैनात रही लोग। मुख्य चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार बतवलें कि आयोग सब राज्यन के दौरा कs के चुनाव के तइयारी के समीक्षा कs चुकल बा।

कवना राज्य में कब होई वोटिंग

  • असम – 126 सीट, 9 अप्रिल के एक चरण में मतदान
  • केरल – 140 सीट, 9 अप्रिल के एक चरण में मतदान
  • पुदुचेरी – 30 सीट, 9 अप्रिल के एके चरण में मतदान
  • तमिलनाडु – 234 सीट, 23 अप्रिल के मतदान
  • पश्चिम बंगाल – 294 सीट, 23 आ 29 अप्रिल के दू चरण में मतदान

सब जगह वोटिंग खतम होखला के बाद 4 मई के मतगणना होई आ एह दिन साफ हो जाई कि कवना राज्य में कवन पार्टी के सरकार बनत बिया।

अबकि बेर चुनाव में का नया बा

अबकि बेर चुनाव प्रक्रिया के आउर पारदर्शी बनावे खातिर कइयन गाे नया बेवस्था कइल गइल बा। मतदान केंद्र पs मोबाइल जमा करे के सुविधा, ईवीएम पs उम्मेदवार के रंगीन फोटो आ बड़ा अक्षर में नाम आ हर बूथ पs अधिकतम 1200 मतदाता के बेवस्था रखल गइल बा।

संगही सब मतदान केंद्रन पs 100% वेबकास्टिंग होई आ हर दू घंटा पs मतदान के प्रतिशत के जानकारी ECINET प्लेटफॉर्म पs अपलोड कइल जाई। एकरा से चुनाव प्रक्रिया पs नजर राखल आसान हो जाई आ पारदर्शिता बढ़ी।

Read Also: LPG Crisis : एलपीजी किल्लत के बीच नया नियम, अब कुछ लोगन के ना मिली नया सिलिंडर, रिफिल पs रोक

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-