स्पोर्ट्स डेस्क। एशियाई क्रिकेट परिषद के अध्यक्ष मोहसिन नकवी सनिचर के एशिया कप के मुकाबलन खातिर मैदानन (Asia Cup 2025 Venues) के एलान कs देलें। पुरुष क्रिकेट टीम के बीच होखे वाला एशिया कप 9 से 28 सितंबर तक संयुक्त अरब अमीरात (यूएई) में खेलल जाई। टूर्नामेंट में भारत आ पाकिस्तान के बीच ग्रुप मुकाबला अतवार (14 सितंबर) के दुबई इंटरनेशनल स्टेडियम में खेलल जाई। टूर्नामेंट में भारत आ पाकिस्तान की टीमे एके ग्रुप में बा। अइसन में अतवार (21 सितंबर) के सुपर 4 मैच में फेर से ओकरा आमने-सामने होखे के उम्मेद बा।
भारत के अभियान के सुरुआत 10 सितंबर के यूएई के खिलाफ
टीम इंडिया एशिया कप में अपना अभियान के सुरुआत 10 सितंबर के यूएई के खिलाफ करी। भारत के सब मैच दुबई में खेलल जाये के संभावना बा। भारत, पाकिस्तान, यूएई आ ओमान के ग्रुप-ए में रखल गइल बा। अइसही श्रीलंका, बांग्लादेश, अफगानिस्तान आ हांगकांग ग्रुप-बी में बा। एसीसी 19 मैचन के एह टूर्नामेंट खतिर 17 सदस्यीय टीमन के अनुमति दी। मैच दुबई आ अबू धाबी में खेलल जइहे सs।
9 से 28 सितंबर तक आयोजित होई टूर्नामेंट
एकरा पहिले नकवी ‘एक्स’ पs टूर्नामेंट के औपचारिक घोषणा कइलें। नकवी संगही पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड (पीसीबी) के अध्यक्ष हवे। नकवी पोस्ट कइलें, ‘हमरा यूएई में एसीसी पुरुष एशिया कप 2025 के तारीखन के एलान करत खुसी हो रहल बा। ई टूर्नामेंट 9 से 28 सितंबर तक आयोजित होई। हमनी के क्रिकेट के सानदार प्रदर्शन के उम्मीद कs रहल बानी सs।’
Asia Cup 2025 Venues : आयोजन स्थल के फैसला 24 जुलाई के भइल
एशिया कप खातिर आयोजन स्थल के फसिला 24 जुलाई के एसीसी के बैठक में कइल गइल रहे। बैठक में सब 25 सदस्य देस भाग लेले रहे।
टूर्नामेंट के मेजबान बीसीसीआई
बीसीसीआई एह टूर्नामेंट के मेजबान हs। टूर्नामेंट के आयोजन संयुक्त अरब अमीरात में एहिसे हो रहल बा, काहेकि भारत आ पाकिस्तान के बीच मवजूदा तनाव के कारण दुनो देस 2027 तक खाली तटस्थ जगहन पs मैच खेले पs आपसी सहमति जतवले बा। एही के तहत एही साल मार्च में चैंपियंस ट्रॉफी के मेजबान पाकिस्तान रहे, बाकिर भारत सारा मुकाबला दुबई में खेलले रहे आ चैंपियनशिप अपना नावे कइले रहे।
तीन बेर भिड़ सकत बा भारत आ पाकिस्तान
एशिया कप में भारत आ पाकिस्तान के एके ग्रुप में रखा जाई, जहां दुनो एक बेर भिड़ी। एकरा बाद सुपर फोर चरण में एक-दूसरा के खिलाफ एगो आउर मुकाबला खेले के मवका मिली। अगर दुनो टीम फाइनल में पहुंचत बाड़ी सs तs ओकनी के बीच तीसरका मुकाबला खेलल जा सकत बा।
Read Also: Rail News : अब थावे जंक्शन से सूरत जाई ताप्ती गंगा एक्सप्रेस, छपरा से थावे जंक्शन तक भइल विस्तार