बाबा महाकाल के दरबार में पहुंचले अर्जुन रामपाल, भोला के चरणन में टेकले माथा, भस्म आरती में भइले शामिल

Minee Upadhyay
बाबा महाकाल के दरबार में पहुंचले अर्जुन रामपाल

बॉलीवुड अभिनेता अर्जुन रामपाल होली के ठीक अगिला दिने महाकाल के दरबार में पहुंचल बाड़े। अर्जुन रामपाल मध्य प्रदेश के उज्जैन में बईठल महाकाल के चरण में माथा झुका के आशीर्वाद लेले। खुद अर्जुन रामपाल एकर तस्वीर शेयर कs के जानकारी देले बाड़े।  रामपाल भगवान शंकर के आराधना करत रहले अवुरी भष्मारती में भी भाग लेले रहले। बॉलीवुड स्टार रामपाल के एह तस्वीरन पs प्रशंसक कमेंट आ तारीफ कइले बाड़न. 

फोटो शेयर करके मंदिर के झलक दिखाई

अर्जुन रामपाल एकर तस्वीर अपना इंस्टाग्राम पs शेयर कईले बाड़े।  जवना में रामपाल मंदिर में हाथ जोड़ के खड़ा बाड़े। एकरा संगे अर्जुन रामपाल अपना फोटो में मंदिर के झलक भी देखवले बाड़े।  अर्जुन रामपाल कवनो फिलिम के शूटिंग खातिर एहिजा आइल बाड़न कि भगवान के पूजा करे, अबहीं ले एकर खुलासा नइखे भइल.  एह साल अर्जुन के खाता में बहुते फिलिम बाड़ी सँ जवन रिलीज खातिर तइयार बाड़ी सँ. आईएमडीबी के मुताबिक अर्जुन रामपाल के 14 परियोजना के काम चलता जवन कि एs साल अवुरी कुछ अगिला साल भी जारी हो सकता।  एहमें कॉकटेल-2, राना नाइडू, ब्लाइंड गेम, जुला कन्नौज, इश्क झमेला जइसन फिलिमन शामिल बाड़ी सँ.  एह फिलिमन में अर्जुन रामपाल अभिनय करत लउके जा रहल बाड़न. 

64 से अधिका फिलिमन में काम कइले बाड़े

बता दीं कि अर्जुन रामपाल बॉलीवुड फिलिमन में हीरो बने से पहिले एगो इंटरनेशनल मॉडल रहले. अर्जुन रामपाल भारत समेत कई देशन में मॉडलिंग कइले बाड़न. मॉडलिंग में नाव अर्जित कइला के बाद अर्जुन रामपाल के फिलिमन में काम मिलल आ एहिजो लोकप्रिय हो गइलन.  1996 में फिल्म ‘कातिल हसीनो का’ से आपन करियर शुरू करे वाला अर्जुन रामपाल के 2001 के फिल्म ‘दीवानापन’ से पहचान मिलल रहे।  एह फिलिम का बाद अर्जुन के ऑफर के कतार मिलल आ ओकरा बाद सुपरहिट फिलिमन के सिलसिला भी शुरू हो गइल.  अर्जुन रामपाल अपना करियर में अबले 64 से अधिका फिलिमन में बहुते यादगार किरदार बनवले बाड़न.  पिछला साल रिलीज भइल सीरीज ‘बंदिश डाकू-2’ में अर्जुन रामपाल के भी अहम भूमिका रहल।  अब एह साल भी अर्जुन रामपाल के खाता में बहुते फिलिम बाड़ी सँ जवन रिलीज खातिर तइयार बाड़ी सँ. 

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।