‘आप’ के मंत्री के एगो अउर वीडियो वायरल, भाजपा बोलल- दरबार में एह बेर सस्पेंड जेल अधीक्षक

कुमार आशू

दिल्ली सरकार में मंत्री अउर आम आदमी पार्टी नेता सत्येंद्र जैन के एगो अउर वीडियो वायरल भइल बा। एएनआई द्वारा पोस्ट वीडियो में मनी लॉन्ड्रिंग मामिला में तिहाड़ जेल में बंद सत्येंद्र जैन के सेल में निलंबित चल रहल जेल अधीक्षक के देखल जा सकsता। ऊ ‘आप’ के मंत्री से बात कs रहल बानें

एह पर भारतीय जनता पार्टी उनका पs फिर हमलावर हो गइल बा। भाजपा नेता शहजाद जयहिंद कहनें कि मीडिया एगो अउर वीडियो पेश कइलें। एह बेर सत्येंद्र के दरबार में जेल अधीक्षक बानें, जौन फिलहाल निलंबित कs दिहल गइल बा।

ऊ आगे कहनें कि नाबालिग से दुष्कर्म के आरोपी से मालिश अउर नवाबी भोजन के बाद अब ई। ई ‘आप’ के भ्रष्टाचार थेरेपी ह लेकिन केजरीवाल जी एकर बचाव करिहें। का उ सत्येंद्र जैन के अब हटइहें?

साभार – अमर उजाला 

Share This Article