साइबर फ्रॉड के नया तरीका, Android यूजर्स भूलइलो भी ना करीं इs गलती

Share

नया तकनीक के आगमन के साथ ऑनलाइन धोखाधड़ी के घटना भी तेजी से बढ़ल बा। साइबर अपराधी लगातार नया तरीका से लोग के धोखा देबे में लागल बाड़े. कबो इनाम के नाम पर त कबो मुफ्त उपहार के नाम पर त कबो कवनो दोसरा लुभावन प्रस्ताव से लोग के अपना जाल में फँसावे के कोशिश में लागल बाड़े. हालांकि साइबर धोखाधड़ी से बचे खातिर एजेंसी लोग के जागरूक कर रहल बाड़ी स। ऑनलाइन धोखाधड़ी के लेके लोग के सतर्कता भी बढ़ गईल बा, बाकिर अपराधी के अब एगो अवुरी नाया तरीका के खोज भईल बा, जवना के चलते करोड़ों एंड्रॉयड फोन यूजर धोखाधड़ी के शिकार हो सकतारे।

नया तरीका का बा?

साइबर अपराधी एंड्रॉयड यूजर के अपना फोन में फर्जी ऐप के एपीके फाइल इंस्टॉल क के धोखाधड़ी के शिकार बनावत बाड़े। हालही में अइसने एगो मामला तेलंगाना से आइल बा जहाँ एगो 59 बरीस के आदमी के लाखों के धोखा दिहल गइल बा. बैंक के अधिकारी के रूप में पेश साइबर अपराधी उनुका से खाता के पता अपडेट करे के कहले।

अपराधी पता अपडेट करे खातीर एपीके फाइल भेज के फोन पs इंस्टॉल करे के कहले। फाइल इंस्टॉल होखते साइबर अपराधी के ओ आदमी के फोन तक पहुंच मिल गईल। थोड़े समय में उनुका खाता से 3.92 लाख रुपया निकालल गईल।

एपीके फाइल का होला?

एपीके यानी एंड्रॉयड पैकेज किट एगो सॉफ्टवेयर प्रोग्राम ह, जवना के मदद से एंड्रॉयड स्मार्टफोन में कवनो भी ऐप के मैन्युअल रूप से इंस्टॉल कईल जा सकता। गूगल प्ले स्टोर से ए ऐप के डाउनलोड करे के जरूरत नईखे। एह पैकेज फाइल के इस्तेमाल खास तौर प ऑफलाइन ऐप इंस्टॉल करे खाती कईल जाला। हालांकि, फोन ऑनलाइन अईते ही इंस्टॉल एप्प अपडेट हो जाला।

हालांकि साइबर विशेषज्ञ यूजर के फोन में कवनो अनजान एपीके फाइल इंस्टॉल करे से मना करतारे। उपयोगकर्ता के सलाह दिहल जाता कि उs गूगल प्ले स्टोर से सिर्फ सत्यापन ऐप डाउनलोड करस। फोन में ऐप इंस्टॉल करत घरी कैमरा, फाइल, फोन, फोटो आदि तक पहुंचे के अनुमति लिहल जाला, एपीके फाइल इंस्टॉल करत घरी साइबर अपराधी आपके फोन के सभ अनुमति ओ ऐप के देवेले, जवना के चलते आपके निजी जानकारी चोरी हो सकता।

एपीके फाइल इंस्टॉल कईल कईसे बंद कईल जाला?

आम तौर पs, अज्ञात स्रोत से एपीके फाइल इंस्टॉल कईल सभ ​​एंड्रॉयड स्मार्टफोन में ब्लॉक हो जाला। हालांकि, यूजर फोन के सेटिंग में इंस्टॉल फ्रॉम अननोन सोर्स विकल्प चालू कs देवेले, जवना के बाद फोन में एपीके फाइल आसानी से इंस्टॉल हो जाला।

अयीसना में अपना फोन के सेटिंग में इंस्टॉल फ्रॉम अननोन सोर्स विकल्प पs जाके ओकर टॉगल बंद कs दिही। संगही, कवनो अनजान आदमी के भेजल संदेश, लिंक आदि के भी ना खोले के चाही। अयीसन धोखाधड़ी से सिर्फ आपके सतर्कता ही बचा सकता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-