[the_ad_group id="30365"]

OnePlus 13s के सेल, iPhone के टक्कर देवे वाला फोन पs मिल रहल बा खास ऑफर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वनप्लस 13s के बिक्री आज यानी 12 जून से शुरू हो गईल बा। वनप्लस के इs सबसे कॉम्पैक्ट स्मार्टफोन आज दुपहरिया 12 बजे से कंपनी के आधिकारिक वेबसाइट के संगे ई-कॉमर्स वेबसाइट अमेजन समेत सभ ऑनलाइन अवुरी ऑफलाइन स्टोर के माध्यम से बिक्री खातीर उपलब्ध करावल जाई। पिछला हफ्ता लॉन्च भईल एs स्मार्टफोन में 12GB रैम समेत बहुत बढ़िया फीचर बा। कंपनी एs फोन के पहिला बिक्री में यूजर खातीर बहुत स्पेशल ऑफर दे रहल बिया।

पहिला बिक्री के विशेष ऑफर

वनप्लस 13s के दुगो स्टोरेज वेरिएंट बा – 12GB रैम + 256GB अवरू 12GB रैम + 512GB। ए फोन के शुरुआती कीमत 54,999 रुपया बा। एकरा संगे एकर टॉप वेरिएंट 59,999 रुपया में आवेला। पहिला बिक्री में एs फोन के खरीदला पs पांच हजार रुपया के बैंक छूट मिली। एकरा के पिंक सैटिन, ब्लैक वॉलवेट अवुरी ग्रीन सिल्क रंग में खरीदल जा सकता। एकरा अलावे पुरान फोन के एक्सचेंज पs पांच हजार रुपया के एक्सचेंज बोनस भी दिहल जाता।

कंपनी एs फोन के संगे 180 दिन के मुफ्त रिप्लेसमेंट प्लान भी दे रहल बिया। 1 जुलाई 2025 से पहिले इs फोन खरीदे वाला यूजर के एs ऑफर के फायदा मिली। इहे ना, इs इंडस्ट्री के पहिला फोन बा, जवना खातीर कंपनी लाइफटाइम फ्री डिस्प्ले वारंटी दे रहल बिया। अगर यूजर के फोन के डिस्प्ले में ग्रीन लाइन के समस्या के सामना करे के पड़ता तs कंपनी कबो भी फोन के स्क्रीन मुफ्त में बदल दिही।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]