Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Android यूजर्स सावधान! सरकारी एजेंसी देलस महत्वपूर्ण चेतावनी

475

इंडियन कंप्यूटर इमरजेंसी रिस्पांस टीम (सीईआरटी-इन) एंड्रॉयड मोबाइल यूजर खातिर बहुत गंभीर चेतावनी जारी कइले बिया। ई एजेंसी भारत सरकार के इलेक्ट्रॉनिक्स आ सूचना प्रौद्योगिकी मंत्रालय के तहत काम करेले आ एकर मुख्य जिम्मेदारी साइबर सुरक्षा से जुड़ल मामिला के निगरानी करे के होला। हाल ही में सीईआरटी-इन के खबर बा कि एंड्रॉयड सॉफ्टवेयर के कुछ खास संस्करण में एगो भेद्यता पावल गइल बा, जवना के फायदा उठावत साइबर हमलावर आपके मोबाइल डिवाइस के निशाना बना सकतारे।

CERT-In के रिपोर्ट के अनुसार, Android के निम्नलिखित वर्जन्स में गंभीर वल्नरबिलिटी पावल गइल बा

1. Android v12

2. Android v12L

3. Android v13

4. Android v14

5. Android v15

एह वर्जन्स में पावल गइल कमजोरियन के इस्तेमाल कऽ के साइबर हमलावर राउर व्यक्तिगत जानकारी, जइसे कि फ़ोटो, संपर्क, संदेश, आ अन्य संवेदनशील डेटा तक पहुंच बना सकत बाड़े। अइसे में इ बेहद आवश्यक बा कि रउआ अपने डिवाइस के अपडेट करीं आ एह सुरक्षा खामियन के दूर करीं। 

CERT-In के सलाह

सीईआरटी-इन यूजर्स के सलाह देले बा कि उ लोग अपना मोबाइल निर्माता के ओर से दिहल गइल अपडेट के तुरंत इंस्टॉल करस। इ एगो आसान आ कारगर तरीका बा, जवना से इ सुनिश्चित कइल जा सकऽता कि आपके डिवाइस कवनो संभावित खतरा से सुरक्षित बा। अपडेट में अक्सर सुरक्षा पैच होला जे एह कमजोरी सभ के संबोधित करेला।

सुरक्षा के अतिरिक्त टिप्स दिहल गइल बा

– एंटीवायरस एप्लीकेशन: अपना डिवाइस प एगो निमन एंटीवायरस एप्लीकेशन इंस्टॉल करीं, जवन कि आपके डिवाइस के अउरी प्रकार के साइबर हमला से सुरक्षित राख सकऽता।

संदिग्ध लिंक से बची : अनजान स्रोत से मिलल लिंक पs क्लिक करे से बची। ई रउरा सुरक्षा खातिर जरूरी बा।

डेटा बैकअप: नियमित रूप से अपना महत्वपूर्ण डेटा के बैकअप लेत रहीं। एहसे अगर कुछ गलत हो गइल तऽ राउर डाटा रिस्टोर कइल आसान हो जाई।

985830cookie-checkAndroid यूजर्स सावधान! सरकारी एजेंसी देलस महत्वपूर्ण चेतावनी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.