गोरखपुर में सगरी दावा फेल, नाइ मिल रहल बा साधारण बस के टिकट

Share

परिवहन निगम गोरखपुर परिक्षेत्र के रेलवे बस स्टेशन पर काउंटर से यात्रियन के साधारण बस के टिकट नाइ मिल रहल बा। एहसे यात्रियन के निराश लौटे के पड़ रहल बा।

परिवहन निगम के क्षेत्रीय प्रबंधक के दावा एक बेर फिर फेल हो गइल बा। एक सप्ताह पहिले क्षेत्रीय प्रबंधक दावा कइले कि बस स्टेशन पर यात्री काउंटर से एसी अउर साधारण बस के टिकट खरीद पइहें। लेकिन, एक सप्ताह बाद यानी सोमार के जब एकर पड़ताल कइल गइल त सामने आइल कि गोरखपुर डिपो के रेलवे बस स्टेशन पर बनल टिकट काउंटर से यात्रियन के खाली एसी बस के ही टिकट मिल रहल बा।

एह संदर्भ में जब काउंटर पर बइठल महिला कर्मचारी से साधारण बस के टिकट के बारे में जानकारी लीहल गइल त उनकर कहनाम रहल कि साधारण बस के टिकट अभिन नाइ मिलत बा।

काउंटर से साधारण टिकट नाइ मिलले के बात जब परिवहन निगम के क्षेत्रीय प्रबंधक पीके तिवारी से पूछल गइल त पहिले ऊ कहनें कि एसी के साथ ही साधारण बस के टिकट भी टिकट काउंटर से मिल रहल बा। लेकिन, जब उनसे सोमार के पड़ताल के बात बतावल गइल त ऊ कहनें कि देवरिया अउर बस्ती सहित कई स्टेशन पर टिकट काउंटर से साधारण बस के टिकट मिलले के व्यवस्था शुरू हो गइल बा, लेकिन इहां अभिन 178 बस के फीडिंग कंप्यूटर में हो सकल बा। अन्य बसन के फीडिंग के काम चल रहल बा। एक से दू दिन काउंटर से साधारण बस के भी टिकट मीले लागी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-