रसना के फाउंडर अरीज पिरोजशॉ खंबाटा के निधन, 85 साल के उमिर में दुनिया के कहलें अलविदा

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 21, 2022

रसना ग्रुप (Rasna Group) के ओर से जारी एगो बयान में कहल गइल बा कि ओकर फाउंडर अरीज पिरोजशॉ खंबाटा के सनीचर के निधन हो गइल। ऊ अरीज खंबाटा बेनेवॉलेंट ट्रस्ट आ रसना फाउंडेशन के

Share

रसना ग्रुप (Rasna Group) के ओर से जारी एगो बयान में कहल गइल बा कि ओकर फाउंडर अरीज पिरोजशॉ खंबाटा के सनीचर के निधन हो गइल। ऊ अरीज खंबाटा बेनेवॉलेंट ट्रस्ट आ रसना फाउंडेशन के चेयरमैनो रहलें।

न्यूज एजेंसी पीटीआई के मोताबिक, ऊ डब्ल्यूएपीआईजेड (पारसी ईरानी जरथोस्ती के विश्व गठबंधन) के पूर्व चेयरमैन आ अहमदाबाद पारसी पंचायत के पूर्व अध्यक्ष रहलें। बयान में कहल गइल बा, ”खंबाटा भारतीय उद्योग, बेयपार आ समाज के सेवा के माध्यम से सामाजिक विकास में महत्वपूर्ण जोगदान देलें।”

देस में 18 लाख खुदरा दुकानन पs बेचल जाला रसना

खंबाटा के लोकप्रिय घरेलू पेय ब्रांड रसना खातिर जानल जाला, जवना के देस में 18 लाख खुदरा दुकानन पs बेचल जाला। रसना अब दुनिया में सूखा/गाढ़ा रूप में सबसे बड़ शीतल पेय मैन्युफैक्चरर हs।

खाली 1 रुपिया में लोगन के गला तर करेला रसना

बता दीं कि अरीज पिरोजशॉ खंबाटा दुनिया भर में मशहूर ‘रसना’ ब्रैंड तइयार कइलें। ई महज 1 रुपिया के किफायती दाम पs फलन से बनल सूखा/गाढ़ा रूप में शीतल पेय बेचेला। रसना ग्रुप के मोताबिक, ई विटामिन आ कइयन गो पोषक-तत्त्वन के संगे लाखन भारतीय लोग के पियास बुझावेला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.