AI Impact Summit 2026 : ‘जनहित आ सबका फायदा खातिर होखे एआई के इस्तेमाल’, पीएम मोदी बतवलें शिखर सम्मेलन के मकसद

Share

नई दिल्ली। दिल्ली में चल रहल पांच दिन के इंडिया एआई इम्पैक्ट समिट 2026 के दूसरका दिन प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलें कि एह शिखर सम्मेलन के मुख्य उद्देश्य ई पता लगावल बा कि आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) के इस्तेमाल आम जनता आ समाज के हर तबका के फायदा खातिर कइसे कइल जा सके। पीएम मोदी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs पोस्ट करत लिखलें कि बुद्धिमत्ता, तर्क आ सही फैसला लेवे के क्षमता विज्ञान आ तकनीक के जनता खातिर उपयोगी बनावेला। एह समिट के मकसदो इहे बा कि एआई के लाभ सब तक पहुंचे।

ग्लोबल साउथ में एआई पs पहिला बड़ सम्मेलन

16 फरवरी से सुरू भइल एह सम्मेलन में दुनिया भर से राष्ट्राध्यक्ष, सरकार प्रमुख, मंत्री, वैश्विक टेक लीडर, नामी शोधकर्ता, बहुपक्षीय संस्थान आ उद्योग जगत के लोग सामिल भइल बाड़ें। एह मंच पs एआई के मदद से समावेशी विकास, सार्वजनिक बेवस्था के मजबूती आ सतत विकास पs गहिराह विमर्श हो रहल बा। खास बात ई बा कि एआई पs अइसन बड़ वैश्विक सम्मेलन पहिला बेर ग्लोबल साउथ में हो रहल बा, जवन भारत के भूमिका के आउर मजबूत करत बा।

20 फरवरी के होई समापन

पांच दिन के ई शिखर सम्मेलन 20 फरवरी के खतम होई। एमे 100 से जादे सरकारी प्रतिनिधि, 20 से जादे राष्ट्राध्यक्ष, 60 मंत्री आ उप-मंत्री सामिल बाड़ें। संगही 500 से जादे वैश्विक एआई लीडर, सीईओ, फाउंडर, शिक्षाविद आ शोधकर्ता भाग ले रहल बा लोग। 19 फरवरी के पीएम मोदी उद्घाटन भाषण दीहे, जवन जिम्मेदार आ समावेशी एआई खातिर भारत के वैश्विक सोच के सामने रखी।

सम्मेलन के प्रमुख आकर्षण

एह समिट के खास आकर्षण तीन वैश्विक चुनौती बा- एआई फॉर ऑल, एआई बाय हर आ युवएआई। 60 से जादे देसन से 4650 से जादे आवेदन आइल, जवना में से कड़ा जांच के बाद टॉप 70 टीम फाइनलिस्ट बनल बाड़ी सs।

18 फरवरी के हैदराबाद इस्थित आईआईटी हैदराबाद के सहजोग से एआई पs शोध संगोष्ठी हो रहल बा। एमे एस्टोनिया के राष्ट्रपति अलार कारिस आ केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव सामिल बाड़ें। एह संगोष्ठी में एआई, सुरक्षा, शासन ढांचा आ ग्लोबल साउथ में शोध सहजोग जइसन मुद्दन पs गहिराह चरचा कइल जा रहल बा।

Read Also: IND vs PAK : नकवी के ‘जाहिल’ कहला के बाद शोएब अख्तर के यू-टर्न, सफाई देत बोललें- पीसीबी अध्यक्ष हमार भाई हवें, जानीं पूरा ममिला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-