Shahjahanpur Accident : शाहजहांपुर में बड़ हादसा, बस आ कार के टक्कर में 4 लोगन के मौत, तीन घायल

Share

शाहजहांपुर। बीसलपुर-बेबर राष्ट्रीय राजमार्ग पs बुध के सबेरे एगो बड़ सड़क हादसा हो गइल। बरेली डिपो के बस एगो अर्टिगा कार से टकरा गइल, जवना में चार लोगन के मौत हो गइल आ तीन लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल।

बतावल जा रहल बा कि बस सबेरे करीब साढ़े सात बजे फर्रुखाबाद से आवत रहे। अल्हागंज इलाका में सुगसुगी पुलिया के लगे अचानक बस आ कार के जोरदार टक्कर हो गइल। टक्कर एतना जोरदार रहे कि कार में सवार चार लोगन के घटनास्थले पs मौत हो गइल, जबकि तीन लोग घायल हो गइले।

धुंध के कारण भइल हादसा

पहिले से छाइल घना धुंध के ई हादसा के मुख्य कारण मानल जात बा। धुंध के चलते सड़क पs साफ देखाई ना देत रहे, जवना से ई दुर्घटना हो गइल।

मृतकन के पहचान के कोसिस जारी

अल्हागंज थाना के एसओ ओमप्रकाश बतवलें कि हादसा में सामिल कार आगरा जिला के बा। पुलिस मृतकन के पहचान करे के कोसिस कs रहल बा आ घायल लोगन के इलाज खातिर अस्पताल भेज दिहल गइल बा।

Read Also: 11 मार्च 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-