स्पोर्ट्स डेस्क। तीन बेर के आईपीएल चैंपियन कोलकाता नाइट राइडर्स के आपन नया हेड कोच मिल गइल बा। पिछला सीजन के बाद फ्रेंचाइजी चंद्रकांत पंडित के हटा देले रहे। एकरा बाद टीम के नया कोच के तलाश रहे जवन अब ओकरा मिल गइल बा। ई शख्स टीम के मेंटॉर रहल गौतम गंभीर के दोस्त हवे आ टीम इंडिया में उनका संगे काम कs चुकल बा।
कोलकाता के संगे लमहर समय तक रहे वाला अभिषेक नायर के टीम के नया हेड कोच नियुक्त कइल गइल तय बा। इंडियन एक्सप्रेस के रिपोर्ट के मोताबिक, नायर के एह फैसला के बारे में पिछलके हफ्ता बता दिहल गइल रहे। हालांकि, एकर आधिकारिक एलान कुछे दिन में कइल जा सकत बा।
टीम इंडिया में कs चुकल बाड़ें काम
नायर 2024 में गंभीर के संगही केकेआर में रहस। इहवां से ऊ टीम इंडिया में गंभीर के संगे गइल रहलें बाकिर एक साल बाद उनकर कार्यकाल खत्म कs दिहल गइल। एकरा बाद ऊ कोलकाता बतौर सपोर्ट स्टाफ अइलें आ अब टीम के हेड कोच नियुक्त कs दिहल गइल बाड़ें। नायर लमहर समय से एह टीम के संगे बाड़ें। टीम के सफलता में आ एकरा के बनावे में उनकर जोगदान बहुत बड़ बा। जब ऊ टीम इंडिया के कोचिंग स्टाफ से विदा भइल रहस तबे से ई चरचा रहे कि उनकर अगिला ठिकाना केकेआर होई।
होखे के बा मिनी ऑक्शन
अगिला महीना नवंबर में आईपीएल-2026 खातिर मिनी ऑक्शन होखे के बा। एकरा के लेके टीम आपन रणनीति बनाई। अइसन में नायर कोलकाता के रणनीति में अहम रोल निभइहें। कोलकाता के पिछला साल प्रदर्शन बहुते खराब रहल रहे। टीम आठवां स्थान पs रहल रहे। एह सीजन टीम आपन चउथा खिताब जीते के कोसिस करी।







