जालंधर। पंजाब के जालंधर जिला के मॉडल टाउन इलाका में सुक के दिनदहाड़े आम आदमी पार्टी (AAP) के नेता लक्की ओबेरॉय के अज्ञात बदमाश गोली मारके हत्या कs देलस। मिलल जानकारी के मोताबिक, लक्की ओबेरॉय निजी काम से मॉडल टाउन इस्थित गुरुद्वारा साहिब लगे गइल रहलें।
ऊ आपन थार गाड़ी में बइठल रहलें, तबे अचानक कुछ बदमाश उहां पहुंचले सs आ उनका ऊपर ताबड़तोड़ फायरिंग सुरू कs देलें सs। बतावल जा रहल बा कि हमलावर बहुते नजदीक से करीब 13 राउंड गोली चलवले सs, जवन लक्की ओबेरॉय के लागल।
गंभीर हालत में उनका के तुरंत श्री राम स्पेशलिटी अस्पताल ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर लोग बचावे के भरसक कोसिस कइल, बाकिर इलाज के दौरान उनकर मौत हो गइल।
घटना के खबर मिलतही शहर के कइयन गाे राजनीतिक नेता आ समर्थक अस्पताल आ घटनास्थल पs पहुंच गइल लोग। एडीसीपी जयंत पुरी सहित पुलिस के कइयन गो वरिष्ठ अधिकारी मवका पs पहुंच के जांच सुरू कs देलस लोग।
पुलिस आसपास लागल सीसीटीवी कैमरा के फुटेज खंगाल रहल बिया आ हमलावरन के पहचान करे के कोसिस जारी बा। घटना के बाद इलाका में दहशत के माहौल बन गइल बा।
Read Also: UP Education News : कक्षा 6 से 12 तक के छात्रन खातिर ऑनलाइन क्लास के मिली सुविधा







