Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सबेरे-सबेरे: तनको नईखी करत एक्सरसाइज? तs कम हो सकेला राउर उमिर, एs तरह से रही जवान

1,164
Google Ads 300*250 for posts

 

 

 

पेरिस ओलंपिक में नीरज चोपड़ा, पीवी सिंधू, मनु भाकर, लक्ष्य सेन समेत सगरी भारतीय खिलाड़ियन के अद्भुत प्रदर्शन देख के उमेद बा कि अबकी बेर भारत टोक्यो ओलंपिक से बेसी पदक जीती. एह सब खिलाड़ियन के जीत के पीछे एगो अउरी राज छिपल बा. शारीरिक गतिविधि के संगे-संगे एथलीट अपना फिटनेस खातीर खानपान के आदत पs भी ध्यान देवेले। हालांकि देश के अधिकांश लोग एs दुनो चीज़ से दूर बाड़े। अक्सरहा लोग ना तs शारीरिक गतिविधि करेला अवुरी ना अपना खाए-पीए के आदत पs काबू पावेला। एकरा चलते लोग समय से पहिले बेमारी के शिकार हो रहल बा। अयीसन आलसी लोग के सावधान रहे के चाही अवुरी योग-व्यायाम के अपना जीवन के हिस्सा बनावे के चाही। हार्वर्ड स्कूल ऑफ पब्लिक हेल्थ के एगो अध्ययन के मुताबिक, जदी आप बेमारी के इलाज पs लाखों रुपिया खरच करे से बचे के बा तs व्यायाम खातिर कुछ समय निकाले के पड़ी. आप अपना दिनचर्या के सुधार के ए जीवनशैली के बेमारी पs योग प्रहार कs सकेला.

अगर रउआ रोज व्यायाम करीं तs रउआ आपन जीवन काल 31% बढ़ा सकेनी। व्यायाम से ना खाली लंबा जीवन जी सकेनी बालुक आपके रोल मॉडल निहन खिलाड़ी निहन फिटनेस भी पा सकतानी। अगर रउरा खिलाड़ियन के तरह फिट बनल चाहत बानी, स्वस्थ जिनिगी जिए के बा, आ बेमारी के इलाज पs लाखों रुपिया खरच करे से बचे के बा तs व्यायाम खातिर कुछ समय निकाले के पड़ी. आप अपना दिनचर्या के सुधार के एs जीवनशैली के बेमारी पs योग प्रहार कs सकेला….

बेमारियन से करीं बचाव

*हाई ब्लड प्रेशर

*दिल के समस्या

*मधूमेह

*मोटापा

*थाइरॉइड

*गठिया

 •शारीरिक गतिविधि केतना जरूरी बा?

*सामान्य व्यायाम – हफ्ता में 5 घंटा

*भारी व्यायाम – हफ्ता में ढाई घंटा

*दिल के बेमारी के खतरा – 22% कम

* जल्दी मौत के खतरा – 21% कम

 •हार्वर्ड स्कूल ऑफ पब्लिक हेल्थ के अध्ययन

*रोज व्यायाम से जीवन काल में 31% के बढ़ोतरी होई

*हृदय रोग से मौत के खतरा 38% कम

 •दिन के स्वस्थ शुरुआत

*गिलोय-एलोवेरा के रस

*20 मिनट ले पैदल चली

*15 मिनट ले योग करी

*खीरा, करेला, टमाटर के रस पी

 •100 साल तक जवान रहे खातिर

*खुल के हँसी, मस्ती करीं

*गुस्सा कम करीं

*माफ करे के आदत

*दोस्त होखल

*शौक खातिर समय निकालीं

*सामाजिक कार्य में शामिल होखी

 •किडनी के बचावे खातिर का करीं?

*कसरत

*वजन के नियंत्रित

*धूम्रपान से परहेज करीं

*भरपूर पानी पीं

*जंक फूड से परहेज करीं

*दर्द निवारक दवाई के जादा सेवन ना करीं

•हार्ट होई मजबूत

*1 चम्मच अर्जुन के छाल

*2 ग्राम दालचीनी

*5 तुलसी

उबालके काढ़ा बनाईं रोज पीं

6 सुपरफूड जवन रउआ के जवान राखेला

*अलसी

*लहसुन

*बादाम-अखरोट

*सेब

*दही

*लौकी

उमिर बढ़ला पs ध्यान दीं

*बीपी-शुगर के जांच कराई

*वजन ना बढ़े के चाहीं

*धूम्रपान छोड़ दी

*अवसाद से बची

 

 

 

913720cookie-checkसबेरे-सबेरे: तनको नईखी करत एक्सरसाइज? तs कम हो सकेला राउर उमिर, एs तरह से रही जवान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.