सुबेरे नाश्ता में खाई प्रोटीन से भरपूर पनीर आ चना के सलाद, वजन तs कम होई हड्डी भी बनी मजबूत

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 26, 2025

उहे नाश्ता कs के लोग बहुत ऊब जाला। अयीसना में आप अपना सबेरे के नाश्ता में कई प्रकार के स्वादिष्ट अवुरी हेल्दी विकल्प राख सकतानी। अब रउरा सोचत होखब कि का हो सकेला जवन स्वस्थ

Share

पनीर आ चना के सलाद

उहे नाश्ता कs के लोग बहुत ऊब जाला। अयीसना में आप अपना सबेरे के नाश्ता में कई प्रकार के स्वादिष्ट अवुरी हेल्दी विकल्प राख सकतानी। अब रउरा सोचत होखब कि का हो सकेला जवन स्वस्थ आ स्वादिष्ट दुनु होखे, तs हमनी के बतावत बानी जा. हम बात कs रहल बानी काबुली चना आ पनीर सलाद के। उच्च प्रोटीन से भरपूर इs सलाद ना खाली स्वादिष्ट होखेला बालुक स्वास्थ्य खातीर भी बेहद फायदेमंद होखेला। एकरा के अपना खानपान में शामिल कईला से वजन में कमी आई, हड्डी मजबूत होई अवुरी एकरा से पाचन में भी सुधार होई। तs, आईं बतावत बानी कि काबुली चना सलाद कईसे मिनट में बनावल जाला?

काबुली चना चाट के सामग्री : उबलल चना – 1 कप, आधा कप भुनाइल पनीर के टुकड़ा, एक प्याज, 2 टमाटर, धनिया, मिर्च, हरियर चटनी, इमली के चटनी, दही, सेव नामकीन अवुरी भुनावल जीरा पाउडर.

काबुली चना चाट कईसे बनावल जाला


पहिला कदम : काबुली चना अवुरी पनीर सलाद बनावल बहुत आसान बा। एकरा के बनावे खातिर पहिले एक कप काबुली चना उबाल लीं। जबले चना उबलत होखे तबले पनीर के दोसरा गैस स्टोव पs हल्का से भूंज लीं। पनीर तलला के बाद प्याज, टमाटर, हरियर धनिया आ मिर्च के बहुत बारीक काट लीं।

दूसरा कदम : तीन से चार सीटी के बाद गैस से काबुली चना उतार के पानी के छान के एगो बड़ कटोरी में डाल दीं। एकरा बाद बारीक कटल प्याज, 2 टमाटर, धनिया, मिर्च, हरियर चटनी, इमली के चटनी, चाट मसाला, दही अवुरी भुनावल जीरा पाउडर डाल दीं।

स्टेप 3: अब एह सब सामग्री के बढ़िया से मिला के हाई प्रोटीन वाला सलाद के अनार के दाना अवुरी धनिया के पत्ता से सजा लीं।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.