Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

का मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बेटा निशांत कुमार राजनीति में उतरीहें , सीएम के माता-पिता का करत रहन?

334
Google Ads 300*250 for posts

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार परिवारवाद के आरोप से मुक्त हो गइल बाड़े। सार्वजनिक तौर पs ऊ कई बेर कहले बाड़े कि उनकर परिवार पूरा के बिहार बाड़े। हालांकि हाल के समय में उनकर एकलौता बेटा निशांत कुमार के राजनीति में प्रवेश के चर्चा होखता। एकरा संगे-संगे अब निशांत कुमार खुद ए मुद्दा के लेके मीडिया के सवाल के जवाब दे देले बाड़े।

 हाइलाइट

  •  नीतीश कुमार के बेटा निशांत कुमार पटना में खरीदारी करत देखाई देले।
  •  राजनीति में आवे के बारे में निशांत कुमार का जवाब देले?

जानि नीतीश कुमार के माता-पिता, पत्नी आ परिवार के बारे में।

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अक्सर कहेले कि पूरा बिहार उनकर परिवार हs। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भी कई बेर नीतीश कुमार के तारीफ करत आइल बाड़े कि ऊ राजनीति में कबहूँ परिवार ना बढ़वले। अब जब अटकल लगावल जाता कि नीतीश कुमार के एकलौता बेटा निशांत कुमार राजनीति में आवे वाला बाड़े तs बिहार में एकरा लेके बहुत उथल-पुथल मचल बा। एकरा संबंध में राजनीतिक चर्चा आ बयान के दौर चलता। हालांकि हाल के समय में जब निशांत कुमार के पटना में सार्वजनिक जगह पs देखल गइल तs ऊ खुद एकर जवाब देले। एकर वीडियो आगे बा जवना के रउआ देख सकेनी।

जब निशांत कुमार से ए बात पs पूछल गइल तs ऊ साफ-साफ राजनीति में आवे से इनकार कs देले आ कहले कि अभी हम अध्यात्म के राह पs बानी। साफ बा कि निशांत खुद एह अटकलन के जवाब देले बाड़े आ कहले बाड़े कि ऊ अध्यात्म के राह पs चलतारे। शुक्रवार के पटना के एगो इलेक्ट्रॉनिक दोकान पs पहुंचल निशांत से जब पत्रकार पूछले कि राजनीति में उतरब कि ना तs निशांत कहले कि उनका में आध्यात्मिक आस्था बा आ ऊ दोकान पs स्पीकर खरीदे आइल बाड़े, ताकि भजन के बढ़िया से सुनल जा सके।

ऊ आगे कहले कि हम आध्यात्मिक दृष्टिकोण से आइल बानी। हरे राम, हरे कृष्ण के मोबाइल पर सुने खातिर एगो स्पीकर खरीदे आइल बानी, ताकि हम ओह पर बढ़िया से सुन सकी। निशांत अपना संगे आवे वाला सुरक्षाकर्मी से कहले – अरे चलीं। ई सब कुछ…. हम एगो आध्यात्मिक राह पर चलत बानी। इहे कहत ऊ गाड़ी में बईठ गइले। साफ बा कि निशांत अपना पिता के राजनीतिक विरासत के संभाले के बारे में साफ संकेत देवे के कोशिश कइले आ कहले कि अइसन अटकलबाजी बेकार बा आ ऊ आध्यात्मिक राह पs चलतारे।

बता दीं कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के जनम 1 मार्च 1951 के बिहार के बख्तियारपुर में भइल रहे। ऊ ओबीसी समुदाय के कुर्मी जाति से आवेले। फरवरी 1973 में अंतरजातीय बियाह कइले रहन। नीतीश कुमार के पत्नी मंजू कुमारी सिंह पटना के एगो स्कूल में टीचर रहली, बाकी 2007 में उनुकर निधन हो गइल, नीतीश कुमार के भाई-बहिन आ परिवार भी राजनीति से दूर रहेले।

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के पिता कविराज राम लखन सिंह आयुर्वेदिक चिकित्सक रहले। माई परमेश्वरी देवी गृहिणी रहली। दुनु जने के निधन हो गइल बा। नीतीश कुमार के बड़ भाई सतीश कुमार हवे। उनकर तीन बहिन इंदु देवी, उषा देवी आ प्रभा देवी बाड़ी। सभे शादीशुदा बाड़ी आ नीतीश कुमार से अलग-अलग रहत बाड़ी।

बता दीं कि पछिला 18 साल से बिहार के मुख्यमंत्री रहल नीतीश कुमार के परिवार बहुत छोट बा। लाइमलाइट आ राजनीति से दूर उनकर परिवार कबो राजनीति में सक्रिय नइखे रहल। उनकर एकलौता बेटा निशांत कुमार राजनीति से दूर बारन। निशांत अपना पिता नियन इंजीनियर हवन आ बीआईटी मिसरा से स्नातक कइले बाड़न। निशांत खुद कहले बाड़न कि ऊ अपना बाबूजी जइसन कबो राजनीति में ना अइहें।

हालांकि उनकर रिश्तेदार चाहतारे कि ऊ राजनीति में उतरस। जब उनका एगो करीबी रिश्तेदार अवधेश कुमार से ई सवाल पूछल गइल तs उनकर जवाब रहे कि निशांत के राजनीति के बढ़िया समझ बा आ उनका राजनीति में आवे के चाही, काहेंकी जनता भी चाहतिया। हालांकि ऊ आगे कहले बाड़े कि अभी तक ई पता नइखे चलल कि ऊ राजनीति में उतरिहे कि ना, काहेंकी ऊ आपन रुचि नइखन बनवले, बाकी हमनी के लागता कि उनका राजनीति में आवे के चाही। बता दीं कि निशांत राजनीति आ सोशल मीडिया से दूरी बना के राखेले आ कबहूँ कवनो सार्वजनिक बयान ना देवेले। अब निशांत खुद साफ कs देले बाड़े कि उनकर राजनीति में आवे के कवनो इरादा नइखे।

910320cookie-checkका मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बेटा निशांत कुमार राजनीति में उतरीहें , सीएम के माता-पिता का करत रहन?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.