Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Haunted story : ‘भूत’ लाल चुनरी पहिन के आवत रहे, आधा रात के दरवाजा खटखटावत रहे, डर के बीच अइसन राज खुलल रहे!

791

ग्वालियर के चंदन नगर में रहेवाला लोग पछिला कई दिन से डर के साया में रहत रहे। इहां आधा रात में लाल चुनरी पहिनले मेहरारू सबके दुआर पर आवत रहे।

भूत-प्रेत के कई गो कहानी सुनले होखब। अइसनो मामिला बा जवना में लोग परछाई देखे के दावा करेला। हालांकि बहुत लोग अइसन बाड़े जवन कि भूत के ए मामला में विश्वास ना करेले। ग्वालियर के चंदन नगर के निवासी पछिला कई दिन से डर के साया में रहत रहले। इहाँ कई रात ले लाल चुनरी पहिनले एगो मेहरारू उनका घर के दुआर पर खटखटावत रहे।

हँ, कालोनी के बहुते लोग दावा कइले रहे कि रात में एगो मेहरारू ओह लोग के घर के दरवाजा खटखटावेले । लोग डर से घर के दरवाजा ना खोलले। लाल चुनरी में ए महिला के लोग भूत माने लगले। हालांकि अब एह कहानी के राज खुल गइल बा। आखिरकार हमनी के पता चल गइल कि ई महिला के ह? ऊ कवनो भूत ना निकलली, बलुक प्रेम में धोखा में फंसल प्रेमिका निकलल।

 बेवफाई के कहर

ग्वालियर के चंदन नगर में एगो महिला रात में सभके दरवाजा खटखटावत रहे। जब ए मामिला के जांच भइल तs पाता चलल कि उ भूत ना रहे बलुक मधौगंज के निवासी रहली। ओकर प्रेमी ओकरा के धोखा देके भाग गइल बा। दुनो लोग बहुत दिन से लिव-इन रिश्ता में रहत रहे। महिला के प्रेमी के घर के पता ना मालूम रहे। उनका बस एतने मालूम रहे कि ऊ चंदन नगर में रहेला। एही कारण से ऊ रात में अपना प्रेमी के खोजे निकलल रहे।

लोग घबराहट में रहे

लाल चुनरी पहिनले ए महिला के चलते कालोनी के लोग घबरा गइले। रात में दरवाजा खटखटावत रहली। लोग सीसीटीवी फुरागे पुलिस के सौंप दिहले जवना के बाद एकर जांच भइल। पुलिस रात में महिला के पकड़ लिहलस। एकरा बाद पूरा कहानी सामने आ गइल। एकरा संगे-संगे प्रेमी के भी पहचान होखत रहे। दुनु जने एक साथ अइले तs ई प्रेम कहानी सोझा आइल।

884140cookie-checkHaunted story : ‘भूत’ लाल चुनरी पहिन के आवत रहे, आधा रात के दरवाजा खटखटावत रहे, डर के बीच अइसन राज खुलल रहे!

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.