बिहार में अपराधी बेखौफ, पति के सामने पत्नी के गोली से भूनलस, मउका पs मउत

Minee Upadhyay

बिहार के जमुई में एगो चौंकावे वाला घटना घटल बा। इहाँ अपराधी पत्नी के पति के सोझा गोली चला देले बाड़े।। एs घटना में पत्नी के मउका पs मउत हो गईल अवुरी पति कवनो तरीका से भाग के आपन जान बचा लेले।

पूरा मामिला का बा?

लक्ष्मीपुर थाना क्षेत्र के बघमा अवुरी मगही गांव के बीच ठकुराइन आहर के नजदीक अपराधी पत्नी के पति के सोझा बंदूक से गोली मार देले। जवना के चलते महिला के मउका पs मउत हो गईल। मरेवाला के पहचान मगही गांव निवासी संजय यादव के पत्नी पबिया देवी के रूप में भईल बा। देर रात मरेवाली महिला के लाश के सदर अस्पताल ले आवल गईल, जहां जिला मजिस्ट्रेट के आदेश के बाद पोस्टमार्टम कs लाश परिवार के लोग के सौंप दिहल गईल।

मृत महिला के पति संजय यादव बतवले कि पत्नी के पेट दर्द के शिकायत के बाद उs अपना पत्नी के डॉक्टर के लगे ले जाके बाइक से घरे लवटत रहले। जइसहीं उनकर बाइक बघमा आ मगही के बीच ठकुराइन आहर के लगे पहुंचल, पीछे से ओवरटेक करत बाइक सवार तीन लोग आके पीछे से गोली चला देले।

पत्नी के गोली लगला के बाद पति कवनो तरीका से भाग के आपन जान बचा लेले। पति बतवले कि बाइक सवार तीनों अपराधी के अलावे बहुत अपराधी पहिलही से घात लगा के इंतजार करत रहले। उs बतवले कि 2021 में उनुका पs अपराधी भी जानलेवा हमला कईले रहले अवुरी उनुका पs सात गोली लागल रहे लेकिन उs बाच गईले। एs मामिला में उनुकर पत्नी पबिया देवी चश्मदीद गवाह रहली। एही कारण से उनुका पत्नी के गोली मार के हत्या कs दिहल गईल। घटना के बाद दोषी के पहचान हो चुकल बा। पुलिस अपराधी के तलाश में व्यस्त बिया।

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।