[the_ad_group id="30365"]

UP News: बरेली में 11 औरतन के हत्या के पीछे एकेगो सनकी, पुलिस के रडार पऽ आइल सीरियल किलर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरेली के शाही आ शिशगढ़ इलाका में एक साल के भीतर एक के बाद एक 11 महिला के हत्या के पीछे खाली एगो चेहरा आइल बा। तीन दिन पहिले तीन संदिग्ध के स्केच जारी कइला के बाद हत्यारा के तलाश में जुटल पुलिस के हाथ में ठोस सुराग बा। सूत्र के दावा बा कि जल्दिए एह घटना के समाधान हो जाई।

मीरगंज सर्कल के शाही आ शिशगढ़ थाना क्षेत्र में सब 11 महिला के साड़ी भा दुपट्टा से गला रेत के हत्या एकही तरीका से भइल। एमें से एगो मामिला में परिवार खुदे रिपोर्ट ना दाखिल कइलस। सब महिला ग्रामीण इलाका के रहली आ इ घटना खेत में चाहे सुनसान सड़क पs भइल रहे।

एसएसपी टीम के तैनाती कइले रहले

कुछ मामला में पुलिस खुलासा कइलस, बाकिर लगातार होखत घटना के चलते सवाल उठत रहल। 2 जुलाई के शाही इलाका में शेरगढ़ के अनिता देवी के हत्या के बाद एसएसपी अनुराग आर्य पुलिस आ एसओजी के संयुक्त टीम के खुलासा खाती तैनात कइले।

एक महीना बादो जब कवनो सफलता ना मिलल तऽ एसएसपी 6 अगस्त के तीन स्केच जारी कइले। पुलिस के मुताबिक स्थानीय लोग से बातचीत अउरी पुलिस जांच से मिलल इनपुट के आधार पs स्केच तैयार कइल गइल। एकरा बाद पुलिस के जांच के संगे-संगे पूरा इलाका में मुखबिर के सक्रिय कइल गइल।

सनकी शख्स के हो चुकल बा पहचान 

सूत्र के मुताबिक अबही तक जवन इनपुट मिलल बा ओकरा से पता चलता कि इ घटना कवनो सनकी के काम हऽ। दावा कइल जाता कि सनकी आदमी के पहचान आ नांवो पs पुलिस कब्जा कऽ लेले बिया। पुलिस जल्दिए महिला के हत्या के खुलासा कर सकऽ तिया।

एसएसपी अनुराग आर्य बतवले कि स्केच जारी होखला के बाद पुलिस के महिला हत्या के मामला में नाया इनपुट मिलल बा। कुछ संदिग्ध लोग के पहचान हो चुकल बा आउर तलाशी लिहल जाता। हत्या के पीछे कवनो सनकी होखे भा पेशेवर हत्यारा, एकर सही इस्थिति जल्दिए साफ हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]