Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ODI World Cup: 8-0! पाकिस्तान लाखन लोग के सामने टेकलस घुटना, टॉप पs पहुंचल टीम इंडिया

IND vs PAK, ODI World Cup 2023: वनडे विश्व कप 2023 में भारत पाकिस्तान के 7 विकेट से हरा दिहलस। पाकिस्तान के खिलाफ टीम इंडिया के इ 8 वां जीत बा। आज ले पाकिस्तान टीम इंडिया के खिलाफ कबो कवनो मैच ना जीत पवलस।

1,925
Google Ads 300*250 for posts

 

IND vs PAK, वनडे विश्व कप 2023 : वनडे विश्व कप 2023 के मैच भारत आ पाकिस्तान के बीच भइल। टीम इंडिया एह मैच में 7 विकेट से जीत हासिल कइलस।एह जीत के साथ टीम इंडिया अंक तालिका में भी पहिला स्थान पs पहुंच गईल बिया। भारत के जीत में गेंदबाज आ रोहित शर्मा के अहम भूमिका रहल। विश्व कप में भारत लगातार आठवीं बेर पाकिस्तान के हरा दिहले बा। साथही भारत के खिलाफ विश्व कप में पहिला जीत के पाकिस्तान के सपना एक बेर फेरू चकनाचूर हो गइल। अब भारत 8-0 से आगे बा।

मैच कइसन रहल?

भारत आ पाकिस्तान के बीच खेलल मैच के बात कइल जाव त एह मैच में टीम इंडिया के कप्तान रोहित शर्मा टॉस जीत के गेंदबाजी करे के फैसला कइलन ।पहिले बल्लेबाजी करत पाकिस्तान टीम 42.5 ओवर में 191 रन बना के ऑल आउट हो गइल। एह दौरान शार्दुल ठाकुर के छोड़ के भारत के सगरी गेंदबाज एह मैच में विकेट ले लिहले। हालांकि शार्दुल ठाकुर महज दू ओवर गेंदबाजी कइलन। बाकी गेंदबाजन के बात कइल जाव त सभे दू-दू विकेट ले लिहले। एहमें मोहम्मद सिराज, जसप्रीत बुमराह, हार्दिक पांड्या, रवींद्र जडेजा आ कुलदीप यादव के नाम शामिल रहे। पाकिस्तान खातिर बाबर आजम 50 रन के सबले बेसी पारी खेलले। जबकि मोहम्मद रिजवान 49 रन बनवले।

 

 

 

662910cookie-checkODI World Cup: 8-0! पाकिस्तान लाखन लोग के सामने टेकलस घुटना, टॉप पs पहुंचल टीम इंडिया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.