Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रोहित शर्मा एशिया कप 2023 जीतले के साथे रचले एतना कीर्तिमान, एमएस धोनी आ अजहरुद्दीन के बराबरी

एशिया कप 2023 रोहित शर्मा : रोहित शर्मा अपना कप्तानी में एशिया कप 2018 के खिताब भी जीत चुकल रहले अवुरी अबकी बेर फेर से ट्रॉफी जीत के उ दु बेर जीते वाला कप्तान बन गईल बाड़े। टीम के मनोबल फिलहाल बुलंद बा। 

984

 

Most wins by Indian captains in ODI Asia Cup : टीम इंडिया के वनडे विश्व कप 2023 से पहिले एगो बड़हन टॉनिक मिल गइल बा। अब विश्व कप शुरू होखे में 15 दिन से तनिका जादा समय बाचल बा, एही बीच एशिया कप के खिताब जीतला के बाद भारतीय टीम के उछाह तेज बा। रोहित शर्मा फुल टाइम कप्तान बनला के बाद पहिला बड़हन टूर्नामेंट जीत लिहले बाड़न। ओने एशिया कप जीत के रोहित शर्मा ना खाली एसएस धोनी के बराबरी कइले बाड़न बलुक पूर्व कप्तान मोहम्मद अजहरुद्दीन के बराबरी कs लिहले बाड़न। खिताब जीतला के बाद रोहित शर्मा कवन नया कारनामा कइले बाड़न, आईं ओह पs नजर डालल जाव।

अब एशिया कप में रोहित शर्मा कुल 9 मैच जीत चुकल बाड़े

रोहित शर्मा एशिया कप के इतिहास में कुल 10 गो मैच के कप्तान बन चुकल बाड़े। साल 2018 में ऊ पाँच गो मैच में कप्तान रहलें। हालांकि ओह घरी विराट कोहली कप्तान रहले बाकिर एशिया कप में कोहली के आराम दिहल गइल आ कप्तान पद रोहित के सौंपल गइल। पहिला मैच से शुरू भइल जीत के कारवां फाइनल में चहुँप गइल आ भारत फाइनल में बांग्लादेश के हरा के खिताब जीतला के बाद ही रुकल। अबकी बेर रोहित शर्मा भी फाइनल समेत 6 मैच खेलले। एहमें से ऊ चार गो जीत हासिल कइलन। पाकिस्तान के खिलाफ खेलल गइल लीग स्टेज के पहिला मैच बरखा के चलते पूरा ना हो सकल एहसे ऊ मैच बराबरी पर खतम हो गइल। संगही, फाइनल जीते से पहिले बांग्लादेश के खिलाफ पिछला सुपर 4 मैच में भारतीय टीम बहुत प्रयोग कईलस, लगभग आधा टीम बदल गईल, भारतीय टीम ओकरा के हार गईल।

रोहित शर्मा से पहिले एमएस धोनी आ अजहरुद्दीन एशिया कप के दू गो खिताब जीत चुकल बाड़े

रोहित शर्मा एशिया कप के इतिहास में अब तक कुल 9 मैच जीत चुकल बाड़े। अगर एमएस धोनी के बात कईल जाए त उ वन डे एशिया कप में भी 9 मैच खेलले। एतने ना, भारत खातिर सबसे जादा एशिया कप जीते के मामला में रोहित शर्मा एमएस धोनी अवुरी मोहम्मद अजहरुद्दीन के बराबरी भी क देले बाड़े। एमएस धोनी साल 2010 में एशिया कप के खिताब जीतले रहले अवुरी ओकरा बाद 2016 में। एह में एशिया कप 2010 में वनडे फॉर्मेट पs आ 2016 में टी-20 फॉर्मेट पs खेलल गइल। अगर मोहम्मद अजहरुद्दीन के बात करीं त ऊ साल 1990 आ 1995 में एशिया कप के खिताब जीत लिहले रहले। ई दुनु टूर्नामेंट वनडे फॉर्मेट पs खेलल गइल। मतलब कि अब भारत खातिर तीन गो कप्तान बाड़े जे दू बेर एशिया कप जीत चुकल बाड़े।

विश्व कप से पहिले टीम इंडिया के उछाह

एशिया कप के ट्रॉफी पs कब्जा कs लिहला के बाद रोहित शर्मा आ टीम इंडिया के हौसला बहुते बुलंद बा।पूरा एशिया कप में हमनी के एक के बाद एक हीरो मिलल। सबसे बढ़िया आ बड़ बात ई बा कि सगरी खिलाड़ी बढ़िया प्रदर्शन करत बाड़े। साथही कवनो खिलाड़ी चोटिल भा घायल नइखे। अब भारतीय टीम के लगे विश्व कप से पहिले आखिरी तीन गो मैच बा जवन आस्ट्रेलिया के खिलाफ खेलल जाई। ई सीरीज 22 सितंबर से शुरू हो रहल बा। भारतीय टीम के घोषणा अबे ले नईखे भईल, लेकिन मानल जाता कि जवना टीम के ए साल के विश्व कप खातीर चुनल गईल बा, ओकरा के ए सीरीज में भी खेलत देखल जा सकता।

 

 

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.