Anshuman Gaekwad: पूर्व भारतीय खिलाड़ी आ कोच अंशुमान गायकवाड़ के कैंसर से निधन, 71 बरिस के उमिर में लेलें आखिरी सांस

khabar Bhojpuri Desk
- Sponsored Ads-

भारत के पूर्व क्रिकेटर अंशुमान गायकवाड़ के बुध के कैंसर से लमहर लड़ाई के बाद निधन हो गइल। 71 बरिस के उमिर में ऊ अंतिम सांस लेलें। गायकवाड़ भारत खातिर 40 टेस्ट आ 15 वनडे मैच खेललें। ऊ 2000 आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी में उपविजेता रहल भारतीय टीम के कोच रहलें। गायकवाड़ पिछला महीना देस लवटला से पहिले लंदन के किंग्स कॉलेज अस्पताल में ब्लड कैंसर के इलाज करावत रहलें।

बीसीसीआई कइले रहे मदद

हाले में बीसीसीआई गायकवाड़ के इलाज खातिर एक करोड़ रुपिया के सहायता राशि जारी कइले रहे। ओहिजा, 1983 विश्व कप विजेता टीम के सदस्य लोग क्रिकेटर के मदद खातिर आगे आइल रहे लो। गायकवाड़ ने 22 साल के अपना करिअर में 205 प्रथम श्रेणी मैच खेललें।

- Sponsored Ads-

बाद में ऊ भारतीय टीम के कोच के पद संभरलें। उनकर सानदार पल 1998 में शारजाह में आ फिरोजशाह कोटला में एगो टेस्ट मैच में आइल, जब अनिल कुंबले 1999 में पाकिस्तान के खिलाफ एक पारी में सब 10 विकेट लेले रहस।

- Sponsored Ads-

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।