पिछला 3 दिन से उत्तर प्रदेश के गोरखपुर में स्थित दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में हंगामा आ कुलपति प्रो. राजेश सिंह अउर रजिस्ट्रार प्रो. अजय सिंह के संगे दुर्व्यवहार के मामला में सरकार कड़ा रवैया अपनावे जा रहल बिया। एक छात्र संगठन के कार्यकर्ताओं द्वारा कुलपति प्रो. राजेश सिंह अउर रजिस्ट्रार प्रो. अजय सिंह अवुरी उहाँ मौजूद पुलिसकर्मी के संगे दुर्व्यवहार के वीडियो सोशल मीडिया पs लगातार वायरल होखता। सरकार भी एह वीडियो के संज्ञान लेले बिया।
झांसी नोडल अधिकारी के रूप में पेड़ लगावे खातीर पहुंचल उच्च शिक्षा विभाग के प्रधान सचिव एम पी अग्रवाल कहले कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के साफ निर्देश बा कि कानून व्यवस्था केहु के अपना हाथ में ना लेवे के चाही। जे ओहिजा हंगामा मचवले ओकरा पs कार्रवाई कइल जाई। जिला प्रशासन अपना स्तर से जांच कर रहल बा। वीडियो में साफ-साफ देखाई देता कि मारपीट कईसे होखता। वीडियो में इहो साफ-साफ देखल जा सकता कि पुलिस विभाग के लोग केतना मेहनत से हंगामा के रोके के कोशिश करतारे।
गोरखपुर विश्वविद्यालय के वीडियो वायरल भइल
महत्व के बात ई बा कि दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में कुछ दिन खातिर एगो छात्र संगठन के कुलपति प्रो. राजेश सिंह व विश्वविद्यालय प्रशासन के खिलाफ प्रदर्शन करत रहे। प्रदर्शन के दौरान संगठन के कार्यकर्ता भड़क गईले अवुरी उ लोग पहिले रजिस्ट्रार अवुरी मुख्य प्रॉक्टर के संगे मारपीट कईले। एकरा बाद कुलपति प्रो. राजेश सिंह के धक्का-मुक्की के वीडियो भी सामने आईल। सोशल मीडिया पs वीडियो वायरल होखला के बाद सरकार एकरा पs कड़ा कार्रवाई करे के फैसला कईले बिया।
Comments are closed.