Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Indian Railways: रेलवे के बड़ फैसला, ए रूट पs अब नाहीं चली वंदे भारत ट्रेन, सामने आइल चौंकावे वाला कारन

264

 

 

वंदे भारत एक्सप्रेस : मोदी सरकार के ओर से वंदे भारत ट्रेन के संचालन पs लगातार काम हो रहल बा। सूत्र के मुताबिक 27 जून के रेल मंत्रालय के ओर से 5 नाया वंदे भारत ट्रेन के लॉन्च होखे के उम्मेद बा। एह बिहार के जनता के पटना से रांची तक वंदे भारत के उपहार भी मिली। एकरा अलावे रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव के ओर से स्लीपर वंदे भारत ट्रेन के मार्च 2024 तक चलावे के घोषणा कईल गईल बा।

यात्री के कमी के चलते लिहल गईल फैसला

पहिले रेलवे वंदे भारत के रोक देले रहे, जवन नागपुर (महाराष्ट्र) से बिलासपुर (छत्तीसगढ़) के रूट पs चलत रहे। रेलवे के ए फैसला के बारे में मीडिया रिपोर्ट में बतावल गईल कि यात्री के भारी कमी के चलते ए रूट पs सेमी हाई स्पीड ट्रेन के रद्द करे के पड़ल। रेलवे बोर्ड के ओर से जारी अधिसूचना के मुताबिक, वंदे भारत ट्रेन के रेक बदल के तेजस एक्सप्रेस लगावल गईल बा।

18 रूट पs चली वंदे भारत ट्रेन

रउरा के बता दी की तेजस एक्स.जब एकरा के लॉन्च कईल गईल रहे तब इ सबसे तेज ट्रेन रहे। बाकिर अब एकर जगह वंदे भारत ले लिहले बा। फिलहाल देश के 18 रूट पs वंदे भारत के ट्रेन चलता। लेकिन नागपुर-बिलासपुर के रूट अइसन रहे कि सबसे कम एक्जीक्यूटिव रहे। पीएम मोदी दिसंबर 2022 में नागपुर-बिलासपुर मार्ग पs वंदे भारत के शुरुआत कईले रहले।

एगो रिपोर्ट से इहो पता चलल कि वंदे भारत एक्सप्रेस में यात्रियन के भीड़ कम होखे के कारण अधिका किराया बा। बिलासपुर-नागपुर मार्ग पs वंदे भारत एक्सप्रेस में एक्जीक्यूटिव क्लास के किराया 2045 रुपए रहे। जबकि एसी चेयर कार के टिकट के दाम प्रति व्यक्ति 1075 रुपया रहे।

 

 

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.