Manish Kashyap: यूट्यूबर पत्रकार मनीष कश्यप चार दिनन के रिमांड पs, तमिलनाडु पुलिस के प्रोडक्शन वारंट के याचिका खारिज

Anurag Ranjan

तमिलनाडु में बिहारी श्रमिकन पs हमला के फर्जी वीडियो प्रसारित करे के ममिला में गिरफ्तार यूट्यूबर मनीष कश्यप से बिहार पुलिस के आर्थिक अपराध इकाई (ईओयू) फेर पूछताछ करी। ईओयू कोर्ट से रिमांड अवधि बढ़ावे के मांग कइले रहे।ईओयू के मनीष कश्यप के चार दिनन के रिमांड मिलल बा।

रिमांड अवधि के दौरान सोमार तक ईओयू मनीष कश्यप से सवाल-जवाब करी। एकरा पहिले कोर्ट मनीष के एक दिन के रिमांड देले रहे, जवन बियफे के पूरा हो गइल रहे।

वित्तीय अनियमितता के लेके सवाल

मनीष कश्यप के यूट्यूब चैनल पs छापेमारी आ बैंक खातन के जांच के दौरान ईओयू के वित्तीय अनियमिततन शिकायत मिलल बा।

एकरा अलावे कोचिंग संस्थानन से पईसा के लेन-देन के साक्ष्य मिलल बा। एकरा के लेके मनीष कश्यप से पूछताछ कइल जाई। चैनल से जुड़ल आउर सहयोगियन आ फरार अभियुक्तन के लेके सवाल-जवाब कइल जाई।

मनीष के समर्थन में पोस्ट करत रहे नागेश

ईओयू जवना नागेश कश्यप के बुध के गिरफ्तार कइले बिया, ऊ लगातार इंटरनेट मीडिया पs मनीष के समर्थन में पोस्ट करत रहल बा। पुलिस ओकर फेसबुको के जांच कइलस जेमे पावल गइल कि ऊ मनीष कश्यप के हिरासत के दौरान वीडियो बनाके प्रसारित कइले रहे।

एकरा अलावे, ऊ आर्थिक अपराध इकाई के अगल-बगल मंडरात रहे आ तस्वीर खींचके पोस्ट करत रहे। ईओयू के मोताबिक, भ्रामक वीडियो प्रसारण में ओकरो भूमिका सोझा आइल बा।

एने, तमिलनाडु पुलिस के ओर से एगो आवेदन देके मनीष कश्यप के तमिलनाडु के अदालत में पेश करे खातिर प्रोडक्शन वारंट पs देवे के अनुरोध कइल गइल रहे। अदालत एह आवेदन के खारिज कs देलस। एह संबंध में अदालत रिमांड के अवधि पूरा होखला पs आवेदन देवे के निरदेस देलस। जवना के बाद तमिलनाडु के पुलिस वापस लवट गइल।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।