[the_ad_group id="30365"]

मुंबई में अमेरिकी वाणिज्य दूतावास के उड़ावे के धमकी : ईमेल भेजे वाला खुद के अमेरिकी नागरिक बतवलस; पुलिस FIR दर्ज कइलस

पुलिस बतवलस कि ईमेल भेजे वाला कहलस कि ऊ अमेरिकी वाणिज्य दूतावास में काम करे वाला सब अमेरिकी लोगन के मार दिही।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंबई के बांद्रा कुर्ला कॉम्प्लेक्स इलाका में इस्थित अमेरिकी वाणिज्य दूतावास के बम से उड़ावे के धमकी मिलल। मुंबई पुलिस बतवलस कि सनीचर सबेरे करीब 3:50 बजे rkgtrading777@gamil.com के आईडी से ईमेल मिलल।

मेल भेज वाला खुद के अमेरिकी नागरिक होखे के दावा कइलस। ऊ कहलस कि ऊ अमेरिकी वाणिज्य दूतावास के ऑफिस के उड़ा दिही। संगही उहां काम करे वाला सब अमेरिकी लोगन के मार दिही।

घटना के बाद मुंबई के बांद्रा कुर्ला पुलिस अज्ञात शख्स के खिलाफ FIR दर्ज कइले बिया। अधिकारी लोग बतावल कि IPS के धारा 505(1)(बी) आ 506(2) के तहत ममिला दर्ज कइल गइल बा। आगे के जांच जारी बा।

दिसंबर 2023 में दिल्ली में इजराइली एम्बेसी के लगे धमाका भइल 

दिल्ली में 29 जनवरी 2021 के इजराइली दूतावास के बाहर सांझ के ब्लास्ट भइल रहे। एहमें दूतावास के बाहर खड़ा पांच गाड़ियन के शीशा टूट गइल रहे।
दिल्ली में 29 जनवरी 2021 के इजराइली दूतावास के बाहर सांझ के ब्लास्ट भइल रहे। एहमें दूतावास के बाहर खड़ा पांच गाड़ियन के शीशा टूट गइल रहे।

पिछला साल 26 दिसंबर के दिल्ली के चाणक्यपुरी इस्थित इजराइली एम्बेसी के लगे लो इंटेंसिटी के दुगो धमाका भइल रहे। जांच के दौरान पता चलल कि धमाका एम्बेसी से 260 मीटर नंदास हाउस के गेट नंबर -4 पs भइल रहे आ एह जगह पs कवनो CCTV कैमरा ना लागल रहे।

पुलिस के एम्बेसी के लगे एगो CCTV फुटेज मिलल। एमे दुगो संदिग्ध लोग दिखल रहे। दिल्ली पुलिस के मवका से लेटरो मिलल, जवन इजराइल के झंडा में लिपटल रहे। ई इंग्लिश भाषा में लिखल एक पेज के लेटर रहे, जवन ‘सर अल्लाह रेजिस्टेंस’ ग्रुप से जुड़ल बा। एमे जियोनिस्ट, गाजा, फिलिस्तीन शब्द लिखल गइल बा।

जांच से जुड़ल एगो पुलिस अधिकारी बतवलें कि जवना तरे से लेटर के रखल गइल रहे, ओसे पता चलत बा कि इजराइल-हमास युद्ध के कारण ई इजराइली एम्बेस्डर्स के धमकी देवे के एगो साजिश रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]