Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

निर्माणाधीन सरयू नहर में ओवरफ्लो, सैकड़ों एकड़ खेत में भइल जलभराव

238

सरयू नहर परियोजना के अंतर्गत निर्माणाधीन नहर अतवार रात में ओवरफ्लो हो गइल। एकरे पानी से किसानन के सैकड़ों एकड़ फसल पानी में बूड़ गइल। किसान बढ़त जलस्तर से परेशान हो के अधिकारियन से शिकायत कइलें। सूचना पा के तहसीलदार मौका पर पहुंच के किसानन के नुकसान के ले के नहर विभाग के अधिकारियन के समस्या से अवगत करवलें।

फरेंदा क्षेत्र के परसाबेनी, फरेंदा बुजुर्ग लेजार महदेवा होत निर्माणाधीन सरयू नहर के किनारे माटी के खुदाई कइले के चलते विभाग द्वारा पानी रोकले से नहर पूरा तरह से ओवरफ्लो हो के बहे लागल। एकरे चलते कई एकड़ गोहूं बोअल खेत में पानी भर गइल।

क्षेत्र के किसान राकेश, दिनेश, मातेश्वर, निर्मल, मुरलीधर, त्रिवेनी अउर पल्टू आदि के खेत में पानी भर गइल बा। पूर्व ग्राम प्रधान सीताराम यादव, क्षेत्र पंचायत सदस्य प्रमोद जायसवाल अउर रामप्रसाद आदि लोग किसानन के मुआवजा दियावे के मांग कइल।

ग्राम प्रधान सुकांत बतवलें कि गांव के किसानन के समस्या के एसडीएम सहित राजस्व विभाग के अधिकारियन के अवगत करा दिहल गइल बा। तहसीलदार रामअनुज त्रिपाठी बतवलें कि मौका के निरीक्षण कs के विभाग के समस्या दूर करे खातिर कहल गइल बा। किसानन के फसल के नुकसान नइखे भइल।

403050cookie-checkनिर्माणाधीन सरयू नहर में ओवरफ्लो, सैकड़ों एकड़ खेत में भइल जलभराव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.