[the_ad_group id="30365"]

Indian Railways: यात्रीगण कृपया धेयान देवे लो, 6 जुलाई ले रद रही राज्यरानी एक्सप्रेस समेत आठ गो ट्रेन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजलीघरन के कोयलापूर्ति खातिर संचालित मालगाड़ियन के चलते कइयन गो यात्री ट्रेनन के संचालन अभियो बंद बा। रेलवे बंद चल रहल राज्यरानी समेत आठ ट्रेनन के संचालन पs फेर छह जुलाई तक रोक बढ़ा देलस। मेरठ से लखनऊ जंक्शन आवे जाये वाला राज्यरानी, बरेली-प्रयागराज के अलावे दु गो पैसेंजर ट्रेनन के बुध तक खातिर रद कs दिहल गइल बा।

बिजली के खपत बढ़ला के साथे रेलवे युद्धस्तर पs पॉवर प्लांटन के मालगाड़ियन से कोयला पहुंचा रहल बा। मालगाड़ी संचालन के देखत रेलवे मुरादाबाद रूट के राज्यरानी एक्सप्रेस समेत कइयन गो ट्रेनन के संचालन पs लगावल गइल रोक के एक बेर फेर बढ़ा दिहल गइल बा। राज्यरानी एक्सप्रेस के संचालन 28 अप्रैल से रुकल बा। हसीनियर डीसीएम सुधीर सिंह के मोताबिक ट्रेन छह जुलाई तक रद रहिहें सs।

एह ट्रेंनन के कइल गइल बा रद

रानी सुपर फास्ट एक्सप्रेस (22453) 3 से 5 जुलाई
राज्य रानी सुपर फास्ट एक्सप्रेस (22454) 4 से 6 जुलाई
संगम एक्सप्रेस (14308) 3 से 5 जुलाई
संगम एक्सप्रेस (14307) 3 से 5 जुलाई
रोजा-बरेली एक्सप्रेस (04379) 4 से 6 जुलाई
बरेली-रोजा एक्सप्रेस (04380) 3 से 5 जुलाई
जनसाधारण एक्सप्रेस (05531) 3 से 5 जुलाई
जनसाधारण एक्सप्रेस (05532) 3 से 5 जुलाई

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]