Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी में 15 आयुष कॉलेजन के मान्यता खतरा में, दिहल गइल बा कमी सुधरले के अंतिम अवसर

579

प्रदेश में 15 आयुष कॉलेजन के मान्यता खतरा में बा। केंद्रीय आयुर्वेदिक चिकित्सा परिषद के केंद्रीय टीम के निरीक्षण में एह कॉलेजन में कमी मिलल बा। हालांकि एह कॉलेजन के कमी दूर करले के अंतिम मौका दिहल गइल बा।

ओंने निजी क्षेत्र के कुल 80 आयुष कॉलेजन में आधे से अधिक में अभिन ले निरीक्षण नाइ हो पवले बा। अइसे में एह कॉलेजम् में दाखिला काउंसिलिंग एह महीना शुरू होखले पर संशय बा काहेसेकि निरीक्षण के बाद जहवाँ कमी पावल जाई, उहां सुधार के मौका मिली। एकरे बाद जहवाँ सुधार नाइ हो पाई, उहां के मान्यता समाप्त कs देहल जाई, जबकि प्रदेश में नीट यूजी के तहत एमबीबीएस अउर बीडीएस के बाद आयुष कॉलेज में दाखिला खातिर काउंसिलिंग चल रहल बा। एकरे तहत बीएएमएस (आयुर्वेद), बीएचएमएस (होम्योपैथिक) अउर बीयूएमएस (यूनानी) कोर्स में दाखिला होला।

सूत्र के कहना बा कि सरकारी क्षेत्र के 12 आयुर्वेदिक कॉलेजन के निरीक्षण भइल। एहमें बांदा, मुजफ्फरनगर अउर हड़ियां (प्रयागराज) स्थित कॉलेज में खामी पावल गइल बा। एहके मान्यता पर खतरा बा। इनके सुधरले के अंतिम मौका दिहल गइल बा। एही तरह से निजी क्षेत्र के 58 कॉलेज में करीब 20 के निरीक्षण भइल बा, जेमें 10 में खामी मिलल बा। होम्योपैथिक के नौ सरकारी कॉलेजों में अलीगढ़ अउर गोरखपुर में खामी पावल गइल बा।

ई बा सीट के विवरण

प्रदेश में नीट यूजी 2022 खातिर 1.17 लाख विद्यार्थी उत्तीर्ण भइल रहें। एमबीबीएस खातिर सरकारी क्षेत्र के 35 कॉलेज में 4,303 अउर निजी क्षेत्र के 32 कॉलेज में 4,750 सीट पर प्रवेश दिहल जाई। बीडीएस के तीन सरकारी कॉलेज में 300 अउर निजी क्षेत्र के 24 कॉलेज में 2,600 सीट पर प्रवेश दिहल जाई।

एही तरह से बीएएमएस (आयुर्वेद) में सरकारी क्षेत्र के 12 कॉलेज में 502 अउरी निजी क्षेत्र के 58 कॉलेज में 5010 सीट, बीएचएमएस (होम्योपैथिक) के सरकारी क्षेत्र के नौ कॉलेज में 828 अउर निजी क्षेत्र के चार कॉलेज में 200 सीट अउर बीयूएमएस (यूनानी) के सरकारी क्षेत्र के दू कॉलेज के 128 अउर निजी क्षेत्र के 18 कॉलेजन के 670 सीट पर प्रवेश देहल प्रस्तावित बा। केंद्रीय टीम के निरीक्षण में जहवाँ कमी मिली, उहां सीट के संख्या कम हो सकsता।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.