CGPSC Civil Judge Mains 2023: सिविल जज मुख्य परीक्षा के परिणाम जारी, अइसे देखल जा सकी आपन रिजल्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 9, 2024

CGPSC Civil Judge Mains 2023: छत्तीसगढ़ लोक सेवा आयोग ( CGPSC ) सिविल जज मुख्य परीक्षा परिणाम 2023 जारी कs दिहल गइल बा। योग्य उम्मीदवार आपन रिजल्ट आधिकारिक वेबसाइट psc.cg.gov.in से डाउनलोड कs सकत बा

Share

CGPSC Civil Judge Mains 2023: छत्तीसगढ़ लोक सेवा आयोग ( CGPSC ) सिविल जज मुख्य परीक्षा परिणाम 2023 जारी कs दिहल गइल बा। योग्य उम्मीदवार आपन रिजल्ट आधिकारिक वेबसाइट psc.cg.gov.in से डाउनलोड कs सकत बा लो। बता दीं कि छत्तीसगढ़ लोक सेवा आयोग सिविल जज मुख्य परीक्षा 25 अगस्त के सबेरे 10 बजे से दुपहरिया एक बजे तक आयोजित कइल गइल रहे। CGPSC भर्ती अभियान के उद्देश्य सिविल जजन के कुल 49 रिक्त पदन के भरल जाई। सिविल जज भर्ती प्रारंभिक परीक्षा तीन सितंबर, 2023 के छत्तीसगढ़ के तीन जिलन बिलासपुर, दुर्ग भिलाई आ रायपुर (छत्तीसगढ़) में पेन आउर पेपर मोड में आयोजित कइल गइल रहे। एह सिविल जज मुख्य परीक्षा के बाद साक्षात्कार खातिर कुल 151 उम्मीदवारन के शॉर्टलिस्ट कइल गइल बा।

चयन प्रक्रिया

सिविल जज के पदन पs उम्मीदवारन के चयन साक्षात्कार के माध्यम से होई। प्रवेश पत्र/ साक्षात्कार खातिर कॉल लेटर साक्षात्कार के करीब 10 दिन पहिले वेबसाइट पs अपलोड कइल जाई। एह परीक्षा में उहे उम्मीदवार आवेदन करे के योग्य होई जे प्रारम्भिक परीक्षा में उत्तीर्ण भइल बा।

परिणाम डाउनलोड करे के चरण

  • आधिकारिक वेबसाइट psc.cg.gov.in पs जाईं।
  • होमपेज पर, सिविल जज मेन्स रिजल्ट 2023 लिंक पs क्लिक करीं।
  • परिणाम स्क्रीन पs लउकी।
  • परिणाम देखीं आ डाउनलोड करीं।
  • भविष्य के संदर्भ खातिर प्रिंटआउट लीं।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.