Lucknow : अब पांचवां कक्षा तक के बच्चन के छोड़े के होई स्कूल के भीतर 

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 1, 2024

पांचवा कक्षा तक के बच्चा के स्कूल के भीतर छोड़ के ओहिजा से उठावे के होई। बाहरी व्यवस्था पs नजर राखे खातिर सगरी स्कूलन में कंट्रोल रूम बनावल जाई। ट्रैफिक नोडल अधिकारियो के तैनाती कइल

Share

School

पांचवा कक्षा तक के बच्चा के स्कूल के भीतर छोड़ के ओहिजा से उठावे के होई। बाहरी व्यवस्था पs नजर राखे खातिर सगरी स्कूलन में कंट्रोल रूम बनावल जाई। ट्रैफिक नोडल अधिकारियो के तैनाती कइल जाई। एह सिस्टम के पहिले हजरतगंज इलाका के स्कूलन में लागू कइल जाई। एकरा बाद धीरे-धीरे शहर के अउरो इलाका के स्कूलो में इ व्यवस्था लागू होई।

शनिचर के भइल बइठक के दौरान पुलिस संयुक्त आयुक्त अमित वर्मा इ निर्देश देले। बइठक में डीसीपी के अलावा एडीसीपी, ट्रैफिक पुलिस के एसीपी, स्कूल के प्रधानाध्यापक आ प्रबंधक लोग भाग लिहले। दरअसल हाईकोर्ट शुक के स्कूली बच्चा के लेके चिंता जतवले रहे। सुनवाई के दौरान राज्य सरकार से स्कूल में सुरक्षा के उपाय ना करे के जवाब मांगल गइल। प्रधान सचिव के 5 सितंबर के मौजूद रहे के आदेश दिहल गइल बा। एकरा के देखत पुलिस विभाग संबंधित लोग के संगे बैठक कइलस। जेसीपी कहले कि जदी अभिभावक अपना गाड़ी से अपना बच्चा के स्कूल ले आवेले तऽ उनको पs इहे नियम लागू होई। पांचवा कक्षा तक के छात्र के स्कूल परिसर के भीतर से ले आके छोड़े के होई।

सुझाव मांगी, सिस्टम जल्दिए लागू हो जाई

स्कूल के खुले-बंद होखे के समय स्कूल के आसपास पार्किंग के इंतजाम खुद करे के होई। ट्रैफिक पुलिस एह व्यवस्था के कइसे लागू करी एह बारे में स्कूल प्रशासन से सुझाव मंगले बिया। एही आधार पs ट्रैफिक पुलिस एकर समीक्षा करी। एकरा बाद सिस्टम लागू हो जाई।

रिकार्डिंग 60 दिन ले राखे के पड़ी

स्कूलन में पूरा तरह से कैमरा से लैस होखे के पड़ी।एकर रिकार्डिंग 60 दिन ले सुरक्षित राखे के पड़ी। कंट्रोलर के कंट्रोल रूम में तैनात कइल जाई। स्कूल के भीतर अउरी बहरी गाड़ी के के निगरानी करी। जरुरत पड़ला पs उहाँ से घोषणा करीहे, ताकि कवनो अराजकता ना होखे।

स्कूल के कर्मचारियो यातायात के इंतजाम के देखभाल करीहें

बइठक में कहल गइल कि स्कूल के इ सुनिश्चित करे के होई कि गेट पs जाम के इस्थिति मत पैदा होखे। एकरा खातिर स्कूल अपना यातायात नियंत्रण कार्यालय अउरी यातायात पुलिस के संगे तालमेल बना के गेट अउरी सड़क पs यातायात ना रोके। स्कूल के ओर से तैनात होखेवाला लोग के वर्दीयो तय होई।

इहो व्यवस्था करे के होई

– आवश्यकतानुसार केंद्रीकृत घोषणा प्रणाली के व्यवस्था करे के होई। स्कूल के कर्मचारी के संगे-संगे अभिभावक के गाड़ी खड़ा करे के इंतजाम करे के होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.