न्यूयॉर्क पत्रिका में छपल लेख में कैरोल कहलें कि उ ट्रंप से 1995 के आखिर अउरी 1996 के शुरुआत में मिलल रहली। ई मुलाकात बर्जडोर्फ गुडमैन (डिपार्टमेंट स्टोर कंपनी) में भइल रहे। कैरोल कहली कि ऊ ट्रंप के रियल एस्टेट टायकून के रूप में पहिचनली अउर ट्रंप उनके कहले रहलें कि ऊ कौनो लइकी खातिर तोहफा खरीदे आइल रहलें। एही दौरान ट्रंप उनके साथ दुष्कर्म कइलें। जानकारी के मुताबिक ओ वक्त ट्रंप अउर कैरोल के उम्र 50 साल के करीब रहल। अउर ट्रंप के पत्नी मार्ला मेपल्स रहली। कैरोल के कहनाम रहल कि ऊ घटना के बारे में अपने दू दोस्तन के बतवले रहनें, जेमें से एक उनके पुलिस स्टेशन जावे खातिर कहलें। लेकिन एगो अन्य दोस्त एकरे उलट कहली कि भूल जा! उनके (ट्रंप) पास 200 वकील बानें। ऊ तहके दफना दीहें।
ट्रंप के कहनाम बा कि ऊ ई. जीन कैरोल नाम के एह महिला से कब से नइखे मिलल। ट्रंप महिला पs आरोप लगावल गइल कि ऊ नई किताब बेचे खातिर उन का पs अइसन आरोप लगा रहल बाड़ी। ऊ एह आरोप के “पूरा तरह झूठ” बतावत कहलें कि “ऊ हमरे टाइप के नइखीं। ट्रंप एगो अमेरिकी अखबार के दिहल गइल इंटरव्यू में कहलें, “हम बड़िये सम्मान के साथ कहब कि नंबर एक, ऊ हमरे टाइप के नइखी।
Comments are closed.