सामुदायिक शौचालय के टोटी में पानी नाइ, डिप्टी सीएम जतवलें नाराजगी
स्वयं सहायता समूह के महिलाओं लोग कहल कि समूह त चल रहल बा लेकिन सरकारी सुविधा नइखे मिलल। एह पर बीडीओ उषा पाल के बुलवलें अउर कहलें कि दू दिन में एह महिला लोग के समूह के अंशदान दियावें। वृद्धा अउरी विधवा पेंशन के बारे में जानकारी लीहलें त पेंशन नाइ मिलले के बात बुजुर्गन अउरी महिला लोग बतावल।
डिप्टी सीएम कहलें कि एह गांव में अमृत सरोवर के काम अच्छा भइल बा। एह मौका पर सांसद विजय कुमार दुबे, रामकोला के विधायक विनय प्रकाश गोंड, राजेश्वर सिंह, मदन गोविंद राव आदि मौजूद रहलें।
Comments are closed.