Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर भइल सस्ता, घरेलू सिलेंडर पs कौनो राहत नाइ, जानीं का बा नया दाम

2,197

देश में कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के दाम में बड़ कमी कइल गईल बा। हालांकि, घरेलू सिलेंडर के दाम में कौनो कमी नाइ भइल बा। एसे होम किचन पर एकर कौनो खास प्रभाव नाइ पड़ी।

एक सितंबर से दिल्ली में इंडेन के 19 किलो के व्यावसायिक सिलेंडर के दाम 91.50 रुपया, कोलकाता में 100 रुपया, मुंबई में 92.50 रुपया, चेन्नई में 96 रुपया कम में मिली। 14.2 किलो वाला घरेलू एलपीजी सिलेंडर पुरान दाम पर ही मिली।

देश के गैस कंपनी सब हर महीना के पहिला तारीख के गैस सिलेंडर के दाम तय करेलें। एक अगस्त के भी कमर्शियल सिलेंडर के दाम में 36 रुपया के कमी कइल गइल रहे। कमर्शियल एलपीजी गैस के इस्तेमाल अधिकतर होटल, खइलें-पियले के दुकान आदि में होला। एसे उनके दाम में कमी से बड़ राहत मिली। ई लगातार चउथा महीना ह जब कमर्शियल गैस के दाम घटल बा। जबकि एक अप्रैल के एह सिलेंडर के दाम 249.50 रुपया बढ़ गइल रहे।

उहवें, देश में घरेलू सिलेंडर के कीमत में जुलाई के बाद से कमी नाइ कइल गईल बा। दिल्ली में घरेलू सिलेंडर 1053 रुपया में, कोलकाता में 1079 रुपया में, मुंबई में 1052 रुपया में तो चेन्नई में 1068 रुपया में मिल रहल बा।

चार महानगर में कमर्शियल सिलेंडर के नयका कीमत

दिल्ली में इंडेन के 19 किलो के सिलेंडर 1976.50 के जगह 1885 रुपया में मिली
कोलकाता में कमर्शियल सिलेंडर 1995.5 रुपया में मिली। पहिले ई 2095 रुपया में मिलत रहे।
मुंबई में कमर्शियल सिलेंडर 1844 रुपया में मिली।
चेन्नई में एलपीजी सिलेंडर 2045 रुपया में मिली।

318470cookie-checkकमर्शियल एलपीजी सिलेंडर भइल सस्ता, घरेलू सिलेंडर पs कौनो राहत नाइ, जानीं का बा नया दाम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.