यूपी में एक बार फेर प्रशासनिक फेरबदल कइल गइल बा। सोमवार बिहाने उत्तर प्रदेश शासन सात आईपीएस अफसरन के तबादला क देहलस। राजधानी लखनऊ अउरी कानपुर के पुलिस कमिश्नर हटावल गइल बानें।
कानपुर अउरी लखनऊ से पुलिस कमिश्नर हटाके योगी सरकार दूनों पुलिस कमिश्नरन के अगोरा में रखले बानें। उहवें, एडीजी अभिसूचना रहल एसबी शिरोडकर के लखनऊ का नया पुलिस कमिश्नर नियुक्त कइल गइल बा। एडीजी पुलिस मुख्यालय रहल बीपी जोगदंड के कानपुर के पुलिस कमिश्नर पद पर तैनाती देहल गइल बा।
इनके अलावा डीजी होमगार्ड्स रहल विजय कुमार के डीजी सीबीसीआईडी के जिम्मेदारी सौंपल गइल बा। डीजी सीबीसीआईडी रहल गोपाल लाल मीणा के डीजी कोऑपरेटिव सेल का चार्ज दिया गया है। डीजी लॉजिस्टक रहे विजय कुमार मौर्य को डीजी होमगार्ड्स के साथ ही डीजी लॉजिस्टक का अतिरिक्त प्रभार सौंपा गया है।
Comments are closed.